[the_ad_group id="30365"]

खेलन में देखवलें दम त मिली सरकारी नौकरी, एह 65 खेलन में आइल मेडल त केंद्र में नौकरी पक्का

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत सरकार खिलाड़ियन के नौकरी अउर पदोन्नति देहले के नियम जारी कइले बा। पिछले सप्ताह, सब मंत्रालयन अउर विभागन से कहल गइल बा कि ऊ एह नियम के तहत ही खिलाड़ी के नौकरी चाहे पदोन्नति दें। अगर कौनो मामिला में कौनो गलती चाहे चूक सामने आवsता त उनके डीओपीटी के संज्ञान में लावल जाई। ई नियम रेलवे, एटोमिक एनर्जी विभाग के अंतर्गत आवे वाली सेवा, इलेक्ट्रॉनिक्स के पूर्व विभाग, अंतरिक्ष विभाग अउर डिफेंस रिसर्च एंड डेवेलपमेंट के तहत आवे वाली वैज्ञानिक अउर तकनीकी सेवा के छोड़ के दूसर सब केंद्रीय महकमन के सिविल कर्मियन पर लागू होई। नियमानुसार, खिलाड़ियन के तीन पदोन्नति भी मिली। केंद्र सरकार नौकरी खातिर 65 खेल तय कइले बा।

एह योग्यता वाले खिलाड़ियन के मिली सरकारी नौकरी

अइसन खिलाड़ी, जे राज्य चाहे देश का राष्ट्रीय अउर अंतरराष्ट्रीय मुकाबिला में प्रतिनिधित्व कइले होखे। ऊ खिलाड़ी, जे यूनिवर्सिटी अउर अंतर-यूनिवर्सिटी मुकाबिला में प्रतिनिधित्व कइले होखे। बशर्ते ऊ मुकाबला इंटर यूनिवर्सिटी स्पोर्ट्स बोर्ड द्वारा आयोजित कइल गइल होखे। उ खिलाड़ी, जे अपने स्कूल के टीम का प्रतिनिधित्व राष्ट्रीय खेलन में कइले होखे। ई खेल ऑल इंडिया स्कूल गेम्स फेडरेशन द्वारा आयोजित होखे के चाहीं। कौनो अइसन खिलाड़ी, जे राष्ट्रीय शारीरिक दक्षता ड्राइव के तहत, शारीरिक दक्षता में नेशनल अवार्ड जितले होखे। एकरे अलावा संबंधित आवेदक के सरकारी नौकरी खातिर दूसर सब योग्यता, जइसे आयु, शिक्षा अउर अनुभव आदि पूरा करे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]