[the_ad_group id="30365"]

National Sports Awards 2022: शरत कमल के खेल रत्न, 25 अर्जुन अवार्ड विजेता में केहूओ क्रिकेटर ना; देखीं लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

National Sports Awards 2022: साल 2022 में भारत खातिर खेल के दुनिया में नया मुकाम छूवे वाला खिलाड़ियन के बुध के 30 नवंबर के राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू द्वारा सम्मानित कइल गइल।

एह साल के स्पोर्ट्स अवार्ड के लिस्ट एह महीना के सुरुआत में जारी कs दिहल गइल बा। एकरा मोताबिक अबकी बेर एगो खेल रत्न आ 25 खिलाड़ियन के अर्जुन अवार्ड देवे के फसीला कइल  गइल बा। टेबल टेनिस के दुनिया में कमाल करे वाला दिग्गज खिलाड़ी अचंता शरत कमल के मेजर ध्यानचंद खेल रत्न पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। खास बात ई रहल एह दुनो सूची में केहूओ क्रिकेटर सामिल रहे।

अबकी बेर 25 खिलाड़ियन के अर्जुन पुरस्कार दिहल गइल। जेमे बैडमिंटन से लेले मुक्केबाजी आ आउर खेलन के एथलीट सामिल बा लो। एह सुची में सामिल ज्यादातर अइसन एथलीट बा लो जे बर्मिंघम कॉमनवेल्थ गेम्स 2022 में सानदार प्रदर्शन कइले रहे लो। एकरा अलावे रोहित शर्मा के कोच दिनेश लाड के  लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल। संगही द्रोणाचार्य अवार्ड खातिर आउर कइयन दिग्गज प्रशिक्षकन के सम्मान दिहल गइल। ई सब पुरस्कार राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू द्वारा दिहल गइल। आईं अब देखल जाव पूरा लिस्ट:-

अर्जुन अवार्ड खातिर चुनल गइल 25 खिलाड़ी

  • सीमा पूनिया (एथलेटिक्स)
  • एल्डहोस पॉल (एथलेटिक्स)
  • अविनाश साबले (एथलेटिक्स)
  • लक्ष्य सेन (बैडमिंटन)
  • एच एस प्रणय (बैडमिंटन)
  • अमित (मुक्केबाजी)
  • निकहत जरीन (मुक्केबाजी)
  • भक्ति कुलकर्णी (शतरंज)
  • आर प्रज्ञानानंदा (शतरंज)
  • दीप ग्रेस इक्का (हॉकी)
  • सुशीला देवी (जूडो)
  • साक्षी कुमारी (कबड्डी)
  • नयन मोनी सैकिया (लॉनबॉल)
  • सागर ओव्हालकर (मलखम्ब)
  • इलावेनिल वालारिवान (निशानेबाजी)
  • ओमप्रकाश मिठारवाल (निशानेबाजी)
  • श्रीजा अकुला (टेबल टेनिस)
  • विकास ठाकुर (भारोत्तोलन)
  • अंशु (कुश्ती)
  • सरिता (कुश्ती)
  • परवीन (वुशू)
  • मानसी जोशी (पैरा बैडमिंटन)
  • तरूण ढिल्लो (पैरा बैडमिंटन)
  • स्वप्निल पाटिल (पैरा तैराकी)
  • जर्लिन अनिका जे (बधिर बैडमिंटन)

द्रोणाचार्य पुरस्कार (नियमित श्रेणी में कोचन खातिर)

  • जीवनजोत सिंह तेजा (तीरंदाजी)
  • मोहम्मद अली कमर (मुक्केबाजी)
  • सुमा शिरूर (पैरा निशानेबाजी)
  • सुजीत मान (कुश्ती)

लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड

  • दिनेश लाड (क्रिकेट)
  • बिमल घोष (फुटबॉल)
  • राज सिंह (कुश्ती)

ध्यानचंद लाइफटाइम अचीवमेंट पुरस्कार

  • अश्विनी अकुंजी (एथलेटिक्स)
  • धरमवीर सिंह (हॉकी)
  • बी सी सुरेश (कबड्डी)
  • नीर बहादुर गुरंग (पैरा एथलेटिक्स)

राष्ट्रीय खेल प्रोत्साहन पुरस्कार

  • ट्रांस स्टेडिया इंटरप्राइजेस प्राइवेट लिमिटेड
  • कलिंगा सूचना प्रौद्योगिकी संस्थान
  • लद्दाख स्की आ स्नोबोर्ड संघ

मौलाना अबुल कलाम आजाद ट्रॉफी

  • गुरूनानक देव यूनिवर्सिटी , अमृतसर

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]