[the_ad_group id="30365"]

Asian Cup Table Tennis: मनिका बत्रा सेमीफाइनल में बनवली जगे, अंतिम-4 में पहुंचे वाला पहिला भारतीय बनली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के नंबर एक महिला टेबल टेनिस खिलाड़ी मनिका बत्रा इतिहास रचत एशिया कप टेबल टेनिस के सेमीफाइनल में प्रवेश क लेली। ऊ एक करोड़ 63 लाख रुपिया ले इनामी राशि वाला एह टूर्नामेंट के अंतिम चार में पहुंचे वाला पहिला भारतीय महिला हई।

गैर वरीय विश्व नंबर 44 मनिका क्वार्टर फाइनल में ताईपे के विश्व नंबर 23 चेन जू यू के सात गेमन के संघर्ष में 6-11, 11-6, 11-5, 11-7, 8-11, 9-11, 11-9 से पराजित कइली।

39 साल के टूर्नामेंट के इतिहास में 2015 में शरत कमल आ 2019 में जी साथियान छठा स्थान हासिल कइले रहस। टूर्नामेंट में एशिया के टॉप 16-16 पैडलर विश्व रैंकिंग आ क्वालिफिकेशन के आधार प खेलेला लो। मनिका जीत के बाद कहली कि चेन बड़ खिलाड़ी हई। ऊ हाले में विश्व चैंपियनशिप के दौरान टीम मुकाबलन के दौरान उनका के हरवले रहली, बाकिर अबकी बेर ऊ उनका खिलाफ रणनीति बदलली, जवन काम आइल। एह जीत से उनकर मनोबल बढ़ल बा, जवन उनका अगिला मुकाबला में काम आई।

एह जीत के साथ मनिका चेन के खिलाफ आपन जीत-हार के रिकॉर्ड 2-4 क लेले बाड़ी। सेमीफाइनल में मनिका विश्व नंबर 5 आ दूसरा वरीय जापान के मीमा ईतो के खिलाफ खेलिहें। शरत के पहिला दौर में ताईपे के चुआन चीह युआन के हाथन 11-7, 4-11, 7-11, 4-11, 6-11 से हार के सामना करे के पड़ल। शरत आ साथियन के हार के बावजूद एक लाख 83 हजार रुपिया के ईनामी राशि मिली।

मनिका पिछला दौर में कइले रहली उलटफेर

मनिका बत्रा एकरा पहिले प्री-क्वार्टरफाइनल में उलटफेर कइले रहली। ऊ विश्व नंबर सात चीन के चेन जिंगटांग के सात गेमन के संघर्ष में पराजित कइले रहली। विश्व नंबर 44 मनिका चेन के 8-11, 11-9, 11-6, 11-6, 9-11, 8-11, 11-9 से पराजित कइले रहली।

जी साथियान के मिलल रहे हार

दूसरा ओर, विश्व नंबर 39 पुरुष पैडलर जी साथियान के सात गेमन के संघर्ष में पांचवां वरीय जापान के यूकिया उदा से हार के सामना करे के पड़ल रहे। उदा सथियन के 11-9, 11-8, 7-11, 9-11, 11-6, 10-12, 11-6 से पराजित कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]