[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी के डीएम कौशलराज शर्मा बनलें प्रयागराज के कमिश्नर, बनारस में नया जिलाधिकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में बड़ पैमाना पर आईएएस अधिकारियन के तबादला कइल गइल बा। 2006 बैच के आईएएस अधिकारी अउरी वाराणसी के जिलाधिकारी कौशलराज शर्मा के प्रयागराज के कमिश्नर नियुक्त कइल गइल बा। उनकरा जगह पर अब एस.राजलिंगम वाराणसी के नया जिलाधिकारी होइहें। राजलिंगम के कुशीनगर से वाराणसी भेजल गइल बा।

पीएम नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में 57वें जिलाधिकारी के रूप में कौशलराज शर्मा नवंबर 2019 में कार्यभार ग्रहण कइले रहने। तीन साल के कार्यकाल में उ अइसन कई काम कइलें जेके वाराणसी में लमहर समय ले याद रखल जाई।

कोरोना संकट काल में डीएम के तौर पर कइल गइल काम अउरी काशी विश्वनाथ धाम के निर्माण समेत कई जनोपयोगी परियोजना के धरातल पर उतरले में कौशलराज शर्मा के बड़ योगदान रहल। पीएम मोदी खुद कई मौका पर उनके पीठ थपथपा चुकल बा।  मूल रूप से हरियाणा के भिवानी जिला के रहे वाले कौशल राज शर्मा 2006 में आईएएस के परीक्षा पास कइले अउरी यूपी कैडर में शामिल भइलें।

सत्य प्रकाश सिंह जौनपुर के नया सीआरओ

मेरठ के अपर जिलाधिकारी प्रशासन सत्य प्रकाश सिंह के जौनपुर के मुख्य राजस्व अधिकारी बनावल गइल बा। जिला में तैनात मुख्य राजस्व अधिकारी रजनीश राय के स्थानांतरण कs देहल गइल बा। उनके उपभूमि व्यवस्था आयुक्त राजस्व परिषद लखनऊ के पद के जिम्मेदारी देहल गइल बा। रजनीश राय शहर के नोडल अधिकारी भी बनावल गइल रहने। उनके कार्यकाल के दौरान कई बड़ कार्रवाई भइल रहे। जेकरे चलते ऊ हमेशा चर्चा में रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]