[the_ad_group id="30365"]

UP News : 13 आईएएस आ 20 पीसीएस अधिकारियन के ट्रांसफर, एस राजलिंगम वाराणसी के नया जिलाधिकारी बनलें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी सरकार 13 आईएएस आ 20 पीसीएस अधिकारियन के तबादला कs देले बिया। कुशीनगर के डीएम रहल एस राजलिंगम के वाराणसी के नया डीएम बनावल गइल बा।बलरामपुर कर डीएम श्रुवि के फतेहपुर के नया कलेक्टर बनावल गइल बा। राजेंद्र प्रताप सिंह के चित्रकूट धाम मंडल के कमिश्नर बनावल गइल बा।

 

संजय कुमार के प्रबंध निदेशक-उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। संजय गोयल के झांसी मंडल के कमिश्नर आ वाराणसी के डीएम रहल कौशल राज शर्मा के प्रयागराज मंडल के कमिश्नर बनावल गइल बा। रवींद्र कुमार प्रथम के कुशीनगर के डीएम, अपूर्वा दुबे के उन्नाव के डीएम, श्रुति के फतेहपुर के डीएम, महेंद्र कुमार के बलरामपुर के डीएम बनावल गइल बा।

 

इसके अलावे सुधीर कुमार के कानपुर नगर के सीडीओ, मृदुल चौधरी के परियोजना निदेशक-ग्रेटर शारदा सहायक समादेश क्षेत्र विकास प्राधिकारी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। सुधा वर्मा के संयुक्त राज्य निर्वाचन आयुक्त, हिमांशु नागपाल के ज्वाइंट मजिस्ट्रेट कानपुर नगर बनावल गइल बा। पूजा अग्निहोत्री के उप निदेशक पर्यटन निदेशालय, गौरव शुक्ला के उपनिदेशक बाल विकास पुष्टाहार निदेशालय, नंदलाल सिंह के संयुक्त ग्राम्य विकास बनावल गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]