[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी के डीएम बनल रहिहें कौशल राज शर्मा, बनावल गइल रहे प्रयागराज के कमिश्नर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में शुक्रवार के बड़ पैमाना पर आईएएस अधिकारियन के तबादला कइल गइल। 2006 बैच के आईएएस अधिकारी अउरी वाराणसी के जिलाधिकारी कौशलराज शर्मा के प्रयागराज का कमिश्नर नियुक्त कइल गइल। उनकरे जगह एस.राजलिंगम वाराणसी के नया जिलाधिकारी बनावल गइल रहल। लेकिन योगी सरकार के ओर से देर रात फैसला लेहल गइल कि कौशल राज शर्मा वाराणसी के जिलाधिकारी बनल रहिहें।

पीएम नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में 57वें जिलाधिकारी के रूप में कौशलराज शर्मा ने नवंबर 2019 में को कार्यभार ग्रहण कइलें रहनें। तीन साल के कार्यकाल में उ अइसन कई कार्य कइलें जेके वाराणसी में लमहर वक्त ले याद रखल जाई। जिलाधिकारी के रूप में लोकसभा चुनाव में काम काज अउरी पीएम स्वनिधि योजना के क्रियान्वयन में उनके सम्मान भी मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]