[the_ad_group id="30365"]

IAF: एयर मार्शल एपी सिंह बनलें वायुसेना के नया प्रमुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय वायुसेना के नया प्रमुख के तौर पs एयर मार्शल एपी सिंह आज कमान संभाल लेले। उनका के एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी ने कार्यभार सौंपले। एकरा से पहिले उऽ राष्ट्रीय युद्ध स्मारक पs दिवंगत वीरन के श्रद्धांजलि अर्पित कइले।

एयर मार्शल एपी सिंह भारतीय वायुसेना के नयका प्रमुख के रूप में कमान संभाल लिहले बाड़े। उनका के एयर चीफ मार्शल वी.आर.चौधरी के ओर से प्रभार सौंपल गइल बा। बता दी कि आज एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी सबेरे वायु भवन में पारंपरिक ‘वाक थ्रू’ करे से पहिले राष्ट्रीय युद्ध स्मारक पs दिवंगत नायक लोग के श्रद्धांजलि दिहलन। एकरा बाद वायुसेना के वायु योद्धा लोग के ओर से विदाई के रूप में उनका के औपचारिक गार्ड ऑफ ऑनर दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]