[the_ad_group id="30365"]

Kathua Encounter: कठुआ में सुरक्षाबलन आ आतंकवादियन के बीच मुठभेड़ जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कठुआ के बिलवार के कोहाग मंडली इलाका में शनिचर के दुपहरिया से मुठभेड़ शुरू भइल। एगो घर में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी पs तलाशी अभियान चलावल गइल। आज सुरक्षा बल एगो आतंकी के मार गिरवले।

जम्मू कश्मीर के कठुआ जिला के एगो दूरदराज के गाँव में एतवार के दिने एगो आतंकी के सुरक्षा बल जारी अभियान में मार गिरवलस। अधिकारी बतवले कि आज दुपहरिया में बिलवार के कोहाग मंडली इलाका में भइल मुठभेड़ स्थल से आतंकी के लाश बरामद भइल बा।  गांव में तलाशी अभियान चल रहल बा।

कठुआ के बिलवार के कोहाग मंडली इलाका में शनिचर के दुपहरिया से मुठभेड़ शुरू भइल। एगो घर में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी पs तलाशी अभियान चलावल गइल। एह दौरान जब घेरा कड़ा हो गइल त आतंकी फायरिंग शुरू कऽ देले। शुरुआती गोलीबारी में एगो हेड कांस्टेबल आ एगो सहायक उपनिरीक्षक घायल हो गइले। दुनु जने के निकाल के अस्पताल भेज दिहल गइल। एही बीच हेड कांस्टेबल बशीर अहमद के दम तूड़ देले।

सूत्र के मुताबिक सुरक्षा बल के इलाका में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी मिलल रहे। दुपहरिया के करीब बारह बजे सुरक्षा बल मछेड़ी, उज्ज पुल वगैरह इलाकन के घेराबंदी करे लागल। एही बीच सुरक्षा बल आ आतंकी के बीच गोलीबारी के सिलसिला शुरू हो गइल।  एडीजीपी आनंद जैन बतवले कि इलाका में आतंकी के मौजूदगी के जानकारी के आधार पs सुरक्षा बल के ओर से कठुआ के मंडली इलाका के कोहाग में संयुक्त तलाशी अभियान शुरू कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]