[the_ad_group id="30365"]

चीन में हेनान प्रांत के कारखाना में लागल भीषण आग, 38 लोग के मौत के खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन से मंगर बिहाने एगो बड़ खबर आइल। बतावल जा रहल बा कि सेंट्रल चीन के हेनान प्रांत में एगो कारखाना में आग लग गइल। हादसा में करीब 38 लोग के मौत हो गइल। घटना अन्यांग शहर के कारखाना में भइल। घटना में दू अन्य लोग घायल भइल बानें अउर दू लोग लापता बतावल जा रहल बानें। आन्यांग शहर के हाई-टेक जोन ह।

जानकारी के मुताबिक, आग स्थानीय समय के अनुसार सोमार के करीब 4 बजे लागल। आग पर काबू पवले के दमकलकर्मियन के कई घण्टा ले भारी मशक्कत करे के पड़ल रहे। करीब 200 से ज्यादा राहतकर्मी अउर 60 के करीब दमकलकर्मी आग बुझवले के कोशिश में जुटल रहनें। घटना के बाद इलाका में कई घंटा ले अफरा-तफरी के माहौल रहल।

रिपोर्ट के मानल जाव त दमकल टीम 63 गाड़ियन के घटनास्थल पर भेजल गइल रहे। स्थानीय समयानुसार आग पर रात 8 बजे तक आग पर काबू पा लिहल गइल बा। रात 11 बजे पूरी तरह से आग के बुझा दिहल गइल। डॉक्टरन के कहनाम बा कि भर्ती करावल गइल लोग के हालत फिलहाल ठीक बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]