[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल के झाड़ग्राम में यात्री बस जंगल में पलटल, 34 यात्री जख्मी, तीन के हालत गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के झाड़ग्राम थाना अंतर्गत लोधाशुली-झाड़ग्राम मुख्य सड़क पs बोरिया गांव से सटल जंगल में एगो यात्री बस के पलट गइला से ओमे सवार 34 यात्री जख्मी हो गइल लो। एमे से 15 यात्रियन के झाड़ग्राम जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

झाड़ग्राम जिला अस्पताल में भर्ती तीन यात्रियन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। एगो यात्री के बेहतर इलाज खातिर कोलकाता भेज दिहल गइल बा। गौर करे आला बात बा कि बस यात्रियन के लेके रगड़ा से झाड़ग्राम के ओर जात रहे।

जंगल के रस्ता से गुजरला के दौरान बस के गति अत्यधिक होखला के कारण चालक नियंत्रण खो बइठल आ बस जंगल में पलट गइल। एह दौरान 34 लोग जख्मी हो गइल। स्थानीय लोग घटना के जानकारी पुलिस के दिहल। सूचना मिलतही पुलिस इलाका में पहुंचल।

स्थानीय लोगन के मदद से घायलन के अस्पताल ले जाइल गइल। स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि कइयन बरिस से इलाका में सड़क के मरम्मत के काम नइखे भइल। एहसे इलाका के सड़कें जर्जर हो गइल बाड़ी सs। अइसन में इहां आइल दिन हादसा होत रहेला। पुलिस घटना के जांच कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]