[the_ad_group id="30365"]

‘ई नेहरू के भारत नाइ, जौन सुतले-सुतले…’, राहुल के चीन से युद्ध वाले बयान पर BJP के पलटवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत चीन सीमा विवाद पर राहुल गांधी बयान दिहलें कि केंद्र सरकार चीन मुद्दा नजरअंदाज कर रहल बिया। देश के सरकार सूतल बिया अउर चीन युद्ध के तैयारी कs रहल बा। उनके एह बयान पर भाजपा पलटवार करत कहनें कि ई भारत उनके परदादा पूर्व प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के नाइ ह। जौन चीन के भारतीय जमीन हड़पले अनुमति दे दिहलें रहे।

चीन मुद्दा पर हमला के बाद भाजपा नेता राज्यवर्धन राठौड़ राहुल गांधी पर बोललें। राजीव गांधी फाउंडेशन के चीन के कम्युनिस्ट पार्टी से 135 करोड़ रुपया के चंदा मिलल। राहुल गांधी चीन के एतना निगचे आ गइल बानें कि उनके पता बा कि ऊ आगे का करे वाला बा।

राठौड़ कहनें कि अपने यात्रा के दौरान, राहुल गांधी देश में भरम फइलवले अउर भारतीय सैनिक के मनोबल गिरावे खातिर भारतीय सुरक्षा के ले के बयान दिहले बानें। ई उनके परदादा नेहरू के भारत नाइ ह, जे सुतले में चीन के 37,242 वर्ग किलोमीटर जमीन दे देहल। अपना के रीलांच करे खातिर राहुल गांधी के देश सुरक्षा पs गैर जिम्मेदाराना बयान नाइ देवे के चाहीं।

उहवें केंद्रीय मंत्री प्रल्हाद जोशी कहनें कि राहुल गांधी के गंभीरता से नाइ लेवे के चाहीं। राजीव गांधी फाउंडेशन चीन से पैसा लिहलें, ई एक तरह के भ्रष्टाचार ह। पं. नेहरू अउर कांग्रेस के शासनकाल में हमनी के जमीन कौने तरे चीन के लग्गे गई, ई सभे जानत रहे।

का कहले रहनें राहुल गांधी

भारत जोड़ो यात्रा के 100 दिन पूरा होखले पs राहुल गांधी जयपुर में प्रेस कॉन्फ्रेंस कइलें। गांधी कहनें केंद्र सरकार चीन मुद्दा के नजरअंदाज कs रहल बा। तवांग मुद्दा छिपवले कोशिश के जा रहल बा। देश के सरकार सूतल बा अउर चीन युद्ध के तैयारी कs रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]