[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में भारत जोड़ो यात्रा खातिर रूट मैप भइल तइयार, 19 दिसंबर के बा यात्रा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आवे आला 19 दिसंबर 2022 के गोरखपुर में होखे वाला भारत जोड़ो यात्रा के लेके गोरखपुर जिला कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष निर्मला पासवान, महानगर कांग्रेस कमेटी के अध्यक्ष आशुतोष तिवारी तइयारी बैठक कइल लोग।

बैठक में गोरखपुर में भारत जोड़ो यात्रा के रूट मैप तइयार भइल। ई यात्रा 19 दिसंबर के सबेरे 9:00 बजे गांधी प्रतिमा टाउन हॉल से सुरू होके पटेल जी के प्रतिमा पs माल्यार्पण के बाद इंदिरा जी के प्रतिमा पर माल्यार्पण आ ओकरा बाद वीर बहादुर सिंह जी के प्रतिमा पर माल्यार्पण करत बाद शास्त्री चौक पहुंची। जहवां इस्थित शास्त्री जी के प्रतिमा पर माल्यार्पण करत  बेतियाहाता चौराहा पs इस्थित शहीद भगत सिंह के प्रतिमा पर माल्यार्पण कइला के बाद रायगंज, घंटाघर होखत नॉर्मल स्टैंड ,ट्रांसपोर्ट नगर होत नौसढ चौराहा के बाद सहजनवा में सांझ के बेरा समाप्त होई।

कार्यक्रम के तइयारी बैठक में मुख्य रूप से तौकीर आलम, पीसीसी सदस्य, जिला कांग्रेस उपाध्यक्ष, जीतेन्द्र कुमार पाण्डेय जिला कांग्रेस उपाध्यक्ष संगठन प्रभारी, महेंद्र नाथ मिश्रा, जिला कांग्रेस उपाध्यक्ष, प्रोफेसर रामनरेश चौधरी, जिला कांग्रेस महासचिव अनुराग पांडे, गणेश मिश्रा, महानगर महामंत्री प्रणव उपाध्याय, प्रमोद निषाद, प्रभात चतुर्वेदी, तसनीम अ़न्सारी,जितेंद्र विश्वकर्मा, राजीव पांडेय, गुलाम ताहिर एजाज हुसैन,कुशेंदर चौधरी, गब्बूलाल प्रजापति सहित आउर कांग्रेसी उपस्थित रहल लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]