[the_ad_group id="30365"]

सेंट्रल बार एसोसिएशन: 110 बूथ पर 6,255 मतदाता करिहें मतदान, अध्यक्ष पद खातिर ई बानें पांच प्रत्याशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दी सेंट्रल बार एसोसिएशन के सलाना चुनाव के तैयारी पूरा कर लिहल गइल बा। सनीचर के बिहाने 10 से साँझ चार बजे ले कड़ा सुरक्षा के बीच मतदान होई। चुनावी मैदान में 20 पद पर 66 प्रत्याशी ताल ठोंक रहल बानें। 110 बूथ पर मतदान खातिर 16 टेबल बनावल गइल बा।

चुनाव में कुल 6255 मतदाता लोग दीहें लोग वोट

मतदान के पहिले के साँझ पर सुक्क के प्रत्याशी लोग चुनाव प्रचार में ताकत झोंकल। एल्डर्स कमेटी के चेयरमैन राधेलाल श्रीवास्तव समिति सदस्यन के संगे तैयारी के संबंध में बैठक कइलें। मतदान के बाद 18 दिसंबर के सुबह आठ बजे से मतगणना होई। एल्डर्स कमेटी के चेयरमैन राधेलाल श्रीवास्तव बतवलें कि मतदाता के प्रवेश सिविल कोर्ट परिसर में बनल बैरिकेडिंग के बीच से होई। सेंट्रल बार सभागार के भूतल अउर प्रथम तल पs मतदान होई।

चुनाव खातिर महामंत्री पद पर 11 प्रत्याशी शशिकांत दूबे, राजेश गुप्त, अनूप सिंह, नृपेंद्र सिंह, चेंगवारा रघुवंशी, माधव प्रसाद पांडेय, प्रतिमा पांडेय, जवाहिर लाल गुप्ता, किशन यादव, अखिलेश तिवारी, प्रमोद कुमार सिंह भाग्य आजमा रहल बानें। जबकि कनिष्ठ उपाध्यक्ष, संयुक्त मंत्री प्रकाशन पs पांच, संयुक्त मंत्री पुस्तकालय अउर प्रकाशन पर चार, ऑडिटर पर दो, कोषाध्यक्ष पद पर तीन प्रत्याशी मैदान में बानें। प्रबंध समिति 15 वर्ष से ऊपर वकालत अनुभव के छह पद पर सात अउर 15 वर्ष से कम के छह पद पs 10 प्रत्याशी चुनाव मैदान में बाने।

अध्यक्ष पद पर पांच प्रत्याशी

अध्यक्ष पद खातिर प्रभुनारायन पांडेय, मुरलीधर सिंह, रमेश कुमार राय, प्रभाशंकर मिश्र अउर प्रभात कुमार चुनाव मैदान में बानें। उहवें वरिष्ठ उपाध्यक्ष पद खातिर सात प्रत्याशी गिरिजेश सिंह, गंगेश्वर मिश्र, राजेंद्र प्रसाद पाठक, विमला यादव, शरमू यादव, संजय कुमार श्रीवास्तव अउर शाहनवाज खान बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]