[the_ad_group id="30365"]

Instagram: इंस्टाग्राम पs क्रिएटिव पोस्ट बनावे में काम आई टेक्स्ट आ स्टिकर, एह तरे कs सकत बानी इस्तेमाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस में इंस्टाग्राम बहुते तेजी से बढ़त सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म हs। इंस्टाग्राम प्लेटफॉर्म पs बहुत सारा लोग रील्स आ पोस्ट अपलोड करेला। इंस्टाग्राम के बढ़त लोकप्रियता के वजह से मेटा एकरा के लगातार बेहतर बनावे के काम कs रहल बा। अइसन में जदि रउसा इंस्टाग्राम पs फोटो के ऊपर टेक्स्ट आ स्टिकर लगावल चाहत बानी तs इहां से रउआ मदद मिल सकत बा। एह ट्रिक से राउर पोस्ट पर्सनलाइज्ड हो जाई। संगही फोटो के ऊपर कइयन सारा फनी स्टिकर्स लगाके आपन पोस्ट के अलग बनावल जा सकत बा। इंस्टाग्राम यूजर्स के आपन पोस्ट के क्रिएटिव बनावे के सानदार विकल्प देके बा तs चली आगे जानल जाव कि का बा एकर प्रक्रिया।

इंस्टाग्राम में फोटो पs टेक्स्ट जोड़े के का बा प्रोसेस

  • सबसे पहिले इंस्टाग्राम एप खोलीं, फेर जवना फोटो पs टेक्स्ट लगावल चाहत बानी, ओकरा के चुनीं।
  • एकरा बाद ‘Aa’ बटन के खोजे के होई, जवन कि स्क्रीन के सबसे ऊपर दिहल गइल होई।
  • अइसन कइला के बाद फॉन्ट, साइज, कलर ए टेक्स्ट अलाइमेंट के अपना हिसाब से सेलेक्ट कs सकत बानी।
  • एकरा बाद ड्रैग एंड ड्रॉप के चुनाव कs के फोटो पs अपन पसंद के जगह पs टेक्स्ट के सेट करीं।

इंस्टाग्राम में फोटो पs स्टिकर जोड़े के तरीका

  • इंस्टाग्राम के स्क्रीन के सबसे ऊपर स्टिकर्स के विकल्प पs क्लिक करीं।
  • स्टिकर्स खातिर कइयन सारा कैटेगरी मिली, जेमे से रउआ अपना हिसाब से केहूओ के सेलेक्ट कs सकत बा।
  • एकरा बाद स्टिकर के लोकेशन के अपना हिसाब से सेलेक्ट कs सकत बा। संगही ओकर साइज आ रोटेटो कs सकत बा।
  • एतने ना, फोटो पs एक से जादे स्टिकर लगा सकत बा। अइसन करे से पोस्ट बेहतर हो सकत बा।
  • इंस्टाग्राम पोस्ट पs स्टिकर्स आ टेक्स्ट के मदद से पोस्ट के बहुत आकर्षक बनावल जा सकत बा।
  • जदि रउआ पोस्ट के क्रिएटिव करे के चाहत बानी तs एह ट्रिक्स के सहारा ले सकत बानी। अइसन कs के पोस्ट पs व्यूज आ लाइको बढ़ावल जा सकत बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]