[the_ad_group id="30365"]

नया SIM Card लेवे के नियम में बदलाव! सरकार के फैसला से एह लोग पऽ पड़ी असर

New Sim card rule
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब नया सिम कार्ड लेबे भा मोबाइल नंबर पोर्ट करे खातिर ई-केवाईसी अनिवार्य हो गइल बा। सरकार नया नियम लागू कइले बिया जवना से सिम कार्ड लेबे में आसानी आ सुरक्षित हो गइल बा। ऑनलाइन पोर्टल के मदद से एगो नाया सिम लिहल जा सकऽता। सरकार लगातार धोखाधड़ी आ स्पैम कॉल के रोके खातिर कदम उठावल गइल बा।

जदि रउरा नया सिम कार्ड लेबे के सोचत बानी भा मोबाइल नंबर पोर्ट करे के चाहऽत बानी तऽ कुछ बातन के बारे में जानीं। काहे कि एहसे रउआ बहुते मदद मिले वाला बा। संगही, एगो बात ध्यान में राखे के बा कि नाया नियम के अइला के संगे सिम कार्ड लेवे में आसानी आ सुरक्षित दुनो हो गइल बा। असल में सिम कार्ड के नियम सरकार बदल देले रहे, जवना के बाद अब सिम कार्ड लेवे खाती कंपनी के स्टोर पs ना जाए के पड़ी। तऽ आईं हम के एह पूरा प्रक्रिया के बारे में बताव तानी-

E-kyc अनिवार्य भइल अनिवार्य 

सरकार के ओर से ई-केवाईसी के अनिवार्य बना दिहल गइल बा। माने कि रउरा कवनो दस्तावेज के जरूरत ना पड़ी। एकरा के सबसे आसान तरीका मानल जाला। ट्राई समेत सगरी एजेंसियन के मानल बा कि एहसे फर्जी सिम कार्ड बंद हो जाई। असल में पहिले आईडी कार्ड देके सिम मिल सकऽत रहे। बाकिर अब ई-केवाईसी करे के होई, माने कि यूजर के स्टोर पs मौजूद रहे के होई।

ऑनलाइन प्रक्रिया- का बा?

अगर कवनो यूजर बा जे स्टोर पर ना जाए के चाहत होखे तऽ उऽ मोबाइल कंपनी के ऑनलाइन पोर्टल के इस्तेमाल कऽ सकेला। ऑनलाइन पोर्टल के मदद से उनका एगो नाया सिम मिल सकऽता। इहाँ उनका आधार नंबर डालला के बाद ई-केवाईसी करे के होई। ई ओकरा खातिर बहुते आसान प्रक्रिया साबित हो सकेला। नया सिम लेबे आ ओकरा के पोर्ट करावे से बहुते मदद मिले वाला बा।

सरकार धोखाधड़ी रोके खातिर नया फैसला ले रहल बिया

धोखाधड़ी आ स्पैम कॉल के रोके खातिर सरकार के ओर से लगातार नाया कदम उठावल जाता। अइसन कई गो नंबर के पहचानो हो रहल बा जवन अपना नंबर के गलत इस्तेमाल कऽ रहल बा। एह में कई गो प्रयोगकर्ता लोग स्थानीय नंबर के इस्तेमाल ब्यापारिक उद्देश्य खातिरो कर रहल बा। हालांकि दूरसंचार कंपनी एह प्रक्रिया खाती ट्राई से कुछ समय मंगले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]