[the_ad_group id="30365"]

7.2 तीव्रता के भूकंप आखिर कइसे झेल गइल पेरू, जानीं एकरी बारे में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बियफे के दिने दक्षिण पेरू में 7.2 तीव्रता के तेज भूकंप से धरती हिल गइल. 7.2 तीव्रता के भूकंप बहुत तबाह करे वाला होला आ एकरा से जान-माल के काफी नुकसान होला।  पिछला साल तुर्की आ सीरिया में आइल विनाशकारी भूकंप के चलते सौ अरब डॉलर से अधिका के नुकसान भइल रहे. तुर्किये में 45 हजार से अधिका लोग आ सीरिया में 5 हजार से अधिका लोग के मौत हो गइल. नेपाल में साल 2015 में 7.8 तीव्रता के भूकंप से लगभग 9 हजार लोग के मौत भइल रहे।  बाकिर पेरू में अइसन कुछ ना भइल आ ई देश अतना तीव्र भूकंप के आसानी से झेल लिहलस.

अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण के मुताबिक पेरू में आईल भूकंप अतीकीपा जिला से 8.8 किलोमीटर दूर आईल बा। पेरू के राष्ट्रपति ट्विटर पs एगो पोस्ट में लिखले कि सरकार एs स्थिति के निगरानी करतिया अवुरी कवनो संभावित नुकसान के मूल्यांकन करतिया। स्वास्थ्य मन्त्रालय के अनुसार कुल आठ जने घायल भईल बाडन। अस्पताल में जिनकर इलाज चल रहल बा। एह लोग के मामूली चोट लागल बा।

पेरू भयानक भूकंप से कईसे बाच गईल?

पेरू देश प्रशांत महासागर के ‘रिंग ऑफ फायर’ पs स्थित बा। ‘रिंग ऑफ फायर’ पs स्थित देशन में अक्सर भूकंप आवेला।  भूकंप के दौरान भवन गिरला से मौत, चोट अवुरी संपत्ति के नुकसान होखेला। एही से पेरू में इमारतन के भूकंप प्रतिरोधी बनावल जाला। भूकंप के आवाजाही के चलते अयीसन भवन पs कवनो दबाव नईखे। जवना के चलते भवन एतना तीव्रता के भूकंप के सामना कs सकेले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]