[the_ad_group id="30365"]

अब मास्को में एगो भव्य मंदिर बन जाई! पीएम मोदी के रूस यात्रा से पहिले बढ़ल हलचल, हिन्दू आपन मांग तेज कर देले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिन्दू धर्म दुनिया के तीसरा सबसे बड़ धर्म हs। हाल के सालन में रूस में भी ई धीरे-धीरे बढ़ रहल बा। अइसने में इहाँ मास्को में रहेवाला हिन्दू समुदाय के लोग राजधानी में एगो भव्य मंदिर के मांग तेज कs देले बाड़े। पीएम मोदी के रूस यात्रा के दौरान ऊ ए मांग के बढ़ावे खातीरएगो बैठक भी कइले।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ए महीना के 8 तारीख के रूस जाए वाला बाड़े। उहाँ ऊ राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन से बातचीत करीहे। पीएम मोदी के एह यात्रा से भारत-रूस के संबंध अउरी मजबूत होखे के उमेद बा । हालांकि एही बीच ओहिजा रहे वाला भारतीय समुदाय के लोग एगो नया मांग कइले बा आ ऊ बा मास्को के एगो हिन्दू मंदिर…

असल में हिन्दू धर्म दुनिया के तीसरा सबसे बड़ धर्म हs। भारत आ नेपाल में हिन्दू आबादी के बहुमत बा। हालांकि हाल के सालन में रूस में भी ई धीरे-धीरे बढ़ रहल बा। इहाँ के अधिकतर आबादी ईसाई होखे के बावजूद रूस के कुछ जगहन पर छोट मंदिर बनावल गइल बा, बाकी ई मुख्य रूप से सामुदायिक केंद्र के रूप में काम करे लें। अइसने में राजधानी मास्को में मंदिर बनावे के मांग बढ़े लागल बा।

इंडिया टुडे में छपल रिपोर्ट के मुताबिक पीएम मोदी के रूस यात्रा से पहिले भारतीय व्यापार गठबंधन आ भारतीय राष्ट्रीय सांस्कृतिक केंद्र के बीच एगो भव्य हिन्दू मंदिर बनावे खातीर बैठक भइल। ए समूह के अध्यक्ष स्वामी कोतवानी के कहनाम बा कि, ‘मास्को में बनेवाला ई हिन्दू मंदिर ना सिर्फ भारतीय के एकता आ आकर्षण के केंद्र बन जाई, बलुक भारत आ रूस के बीच मजबूत संबंध के प्रतीक भी बन जाई।’

एकरा से पहिले ए साल 14 फरवरी के पीएम मोदी संयुक्त अरब अमीरात के अबू धाबी में पहिला हिन्दू मंदिर के उद्घाटन कइले रहले। बोचासंवासी श्री अक्षर पुरुषोत्तम स्वामीनारायण संस्थान (बीएपीएस) के बनावल ई मंदिर बहुत भव्य बा। भले ही ई मंदिर हिन्दू धर्म के हs, लेकिन एकरा में मुस्लिम, जैन आ बौद्ध धर्म के लोग के भी बहुत बड़ योगदान बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]