[the_ad_group id="30365"]

Air India: उड़ान में देरी पs एयर इंडिया पs भड़कली सुप्रिया सुले, एयरलाइन कहलस- ई हमरा बस में नइखे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क: एनसीपी एसपी सांसद सुप्रिया सुले उड़ान में देरी के लेके एयर इंडिया के तीख आलोचना कइले बाड़ी। ऊ केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री राम मोहन नायडू से अपील कइली कि ऊ एयरलाइंस के जवाबदेय बनावे खातिर कड़ा नियम आ कानून लागू करें। सुप्रिया सुले बतवली कि उनकर फ्लाइट करीब एक घंटा 19 मिनट देर भइल। ऊ कहली कि ई लगातार देखल जा रहल बा कि फ्लाइट्स में देरी हो रहल बा आ एकरा से यात्री परेसान हो रहल बा लो।

सुप्रिया सुले केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री से कइली अपील

सुप्रिया सुले सोशल मीडिया पs साझा एगो पोस्ट में लिखली कि हम एयर इंडिया के फ्लाइट AI0508 से यात्रा करत रहनी, बाकिर ई एक घंटा 19 मिनट देरी से उड़ल। ई लगातार देखल जा रहल बा आ एकरा चलते यात्रियन के परेसानी के सामना करे के पड़ रहल। ई अस्वीकार्य बा। नागरिक उड्डयन मंत्री राम मोहन नायडु से अपील बा कि ऊ कड़ा नियम लागू करस जवना से एयरलाइंस जइसे एयर इंडिया में लगातार हो रहल देरी खातिर जवाबदेय ठहरावल जा सके आ यात्रियन खातिर बेहतर सर्विस स्टैंडर्ड सुनिश्चित कइल जाव।’

एगो आउर पोस्ट में सुले लिखली कि ‘एयर इंडिया के उड़ान लगातार देरी से उड़ेली सs। ई अस्वीकार्य बा। हमनी के प्रीमियम किराया देवेनी सs बाकिर ओकरा बादो उड़ान कबो टाइम पs ना होला। लईका, बुजुर्ग आ कामकाजी लोग, सभे एह कुप्रबंधन से प्रभावित होला।’

एयर इंडिया देलस सफाई

सुप्रिया सुले के सोशल मीडिया पोस्ट पs एयर इंडिया प्रतिक्रिया देलस। एयर इंडिया लिखलस कि ‘मैम, हमनी के मानत बानी सs कि देरी बहुत परेसान करे वाला हो सकत बा। हालांकि कइयन बेर संचालन संबंधी मुद्दन के वजह से देरी हो जाला, जवना के वजह से उड़ानन के फेर से शेड्यूल करे के पड़ेला, बाकिर ई हमनी के बस में नइखे। राउर मुंबई जाये वाली उड़ान एक घंटा देरी से उड़ल, ओकरो वजह एगो अइसने एगो समस्या रहे।’

Read Also: सहारनपुर में बड़ वारदात: भाजपा नेता पत्नी आ तीन गो लईकन के मरलस गोली, बेटा-बेटी के माैत, दु गंभीर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]