[the_ad_group id="30365"]

गृहमंत्री शाह तीन दिवसीय दौरा पर आजु पहुंचिहें जम्मू, कानून-व्यवस्था के समीक्षा करिहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह तीन दिवसीय दौरा पर सोमार के साँझ जम्मू पहुंचिहें। अपने दौरे में उ विकास के कई सौगात दीहें। जम्मू पहुंचला के बाद राजभवन में सिविल सोसाइटी, कारोबारी अउरी विभिन्न संगठन के प्रतिनिधिमंडल से मुलाकात के कार्यक्रम बा। अगिले दिन चार अक्तूबर के ऊ मां वैष्णो के दरबार में माथा टेकले के बाद राजोरी बस स्टैंड में रैली के संबोधित करिहें।

राजोरी में पहाड़ियन के अनुसूचित जनजाति के दर्जा दिहले के भी घोषणा हो सकsता। उहां से लौटकर जम्मू के कन्वेंशन सेंटर में चुनिंदा भाजपा नेता से मुलाकात करिहें। साँझ के ही ऊ श्रीनगर चल जइहें। पांच अक्तूबर के वे बारामुला स्पोर्ट्स स्टेडियम में रैली के संबोधित करिहें।

श्रीनगर में ही ऊ प्रधानमंत्री विकास पैकेज के काम के उच्च स्तरीय बैठक में प्रगति जनिहें। एकरे सथही कानून-व्यवस्था अउरी आतंकी घटना के समीक्षा करिहें। बैठक में उप राज्यपाल मनोज सिन्हा भी मौजूद रहिहें। शाह के साथ गृह मंत्रालय अउरी विभिन्न सुरक्षा एजेंसियन के अधिकारी होइहें। दौरा के दौरान जम्मू अउरी कश्मीर में कई विकास परियोजना के शुभारंभ अउरी शिलान्यास होखे के बा।

दिल्ली से पहुंचल सुरक्षा अमला

दौरा म् ले के राजोरी अउरी बारामुला में व्यापक पैमाना पर तैयारी कइल जा रहल बा। दिल्ली से सुरक्षा अमला दूनों ही स्थान पर पहुंच चुकल बा। जम्मू में मॉक ड्रिल कर तैयारियन के मुकम्मल कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]