[the_ad_group id="30365"]

सामुदायिक शौचालय के टोटी में पानी नाइ, डिप्टी सीएम जतवलें नाराजगी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुसम्ही गांव में शुक्क के डिप्टी सीएम ब्रजेश पाठक प्राथमिक विद्यालय, सामुदायिक शौचालय, आंगनबाड़ी केंद्र अउर अमृत सरोवर के निरीक्षण कइलें। सामुदायिक शौचालय में पानी के आपूर्ति खातिर लागल टोटी खोलले पर पानी नाइ निकलल। एह पर ग्राम पंचायत अधिकारी के फटकार लगवलें। डीएम अउर सीडीओ के भी दिखाकर कहलें कि इहां कार्यक्रम लागल बा अउरी इहवें के ई हाल बा।
डिप्टी सीएम प्राथमिक विद्यालय के एगो बच्चा से पढ़ाई के बारे में पूछलें। बच्चे पहाड़ा सुना दिहलस, लेकिन जोड़ कइले से चूक गइल। उ बच्चा के पीठ थपथपवलें। पुरस्कार स्वरूप 500 रुपया देहलें।

स्वयं सहायता समूह के महिलाओं लोग कहल कि समूह त चल रहल बा लेकिन सरकारी सुविधा नइखे मिलल। एह पर बीडीओ उषा पाल के बुलवलें अउर कहलें कि दू दिन में एह महिला लोग के समूह के अंशदान दियावें। वृद्धा अउरी विधवा पेंशन के बारे में जानकारी लीहलें त पेंशन नाइ मिलले के बात बुजुर्गन अउरी महिला लोग बतावल।

डिप्टी सीएम कहलें कि एह गांव में अमृत सरोवर के काम अच्छा भइल बा। एह मौका पर सांसद विजय कुमार दुबे, रामकोला के विधायक विनय प्रकाश गोंड, राजेश्वर सिंह, मदन गोविंद राव आदि मौजूद रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]