[the_ad_group id="30365"]

कोलकाता में हिंदू महासभा ‘बापू’ के बनवलस महिषासुर, सोशल मीडिया प वायरल भइल दुर्गा पूजा पंडाल के तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलकाता के पूजा पंडाल में मां दुर्गा के प्रतिमा के लेके छिड़ल विवाद

पश्चिम बंगाल के कोलकाता में एगो दुर्गा पूजा पंडाल में माता के मूर्ति के लेके विवाद छिड़ल बा। अखिल भारतीय हिंदू महासभा के ओर से आयोजित एह पूजा पंडाल में मां दुर्गा के संगे महिषासुर के जगे महात्मा गांधी के मूर्ति लगा दिहल गइल रहे। प्रतिमा में मां दुर्गा बापू के वध करते नजर आवत रहली। सोशल मीडिया प पूजा पंडाल के तस्वीर वायरल होखला के बाद विवाद खड़ा हो गइल। हालांकि, पुलिस के निरदेस के बाद गांधी के जइसन लउके वाला मूर्ति के बदल दिहल गइल बा।  हिंदू महासभा के कहनाम बा कि असुर के मूर्ति बापू के तरे दिखल खाली एगो संजोग हs।

कोलकाता पुलिस डिलीट करवलस पोस्ट

समाचार एजेंसी पीटीआई के मोताबिक, दक्षिण पश्चिम कोलकाता में रूबी क्रासिंग के लगे अखिल भारतीय हिंदू महासभा के ओर से एह पूजा पंडाल के आयोजन कइल गइल बा। अतवार के आल्ट न्यूज के एगो पत्रकार अपना ट्विटर पs पंडाल के तस्वीर पोस्ट करत कोलकाता पुलिस के टैग कइले रहस। हालांकि बाद में ऊ पोस्ट डिलीट क देले आ कहले  कि कोलकाता पुलिस उनका से अइसन करे के कहलस काहेकि ई त्योहार के बीच तनाव पैदा क सकत बा।

हिंदू महासभा देलस दलील

ओहिजा, एह पूरा विवाद के लेके अखिल भारतीय हिंदू महासभा के कहनाम बा कि असुर के जगे महात्मा गांधी जइसन मूर्ति लागल महज एगो संजोग बा। हिंदू महासभा के प्रदेश कार्यकारी अध्यक्ष चंद्रचूर गोस्वामी कहले कि उनकर मकसद केहु के भावना के ठेस पहुंचावल ना रहे। पुलिस के निरदेस के बाद महिषासुर के चेहरा बदल दिहल गइल बा आ मूर्ति प मूंछ आ बाल लगावल गइल बा।

राजनीतिक दलन द्वारा कइल गइल आलोचना

बापू के विवादित मूर्ति के लेके बंगिया परिषद हिंदू महासभा के अध्यक्ष संदीप मुखर्जी कहले कि अखिल भारतीय हिंदू महासभा जवन कइलस हमनी के ओकर निंदा करत बानी स। गांधी जी के विचारन से हमनियो के मतभेद रहे, बाकिर ई विरोध के तरीका ना ह।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]