[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर पुलिस के बड़ कार्रवाई, चार डाक्टरन समेत सात पs गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज- चार गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। बिना मान्यता के छात्रन के प्रवेश लेके जालसाजी करे वाला राज नर्सिंग कालेज के संचालक डा. अभिषेक यादव समेत चार डाक्टर आ ओकर तीन सहगोगियन पs कोतवाली थाना पुलिस गैंगस्टर एक्ट के कार्रवाई कइले बिया।जिलाधिकारी कृष्णा करुणेश के अनुमति मिलला के बाद प्रभारी निरीक्षक कोतवाली सुक के रात आरोपितन के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवला के संगही डा. अभिषेक के पत्नी समेत चार आरोपितन के गिरफ्तार कs लेले। सनीचर के दुपहरिया बाद ओह लो के कोर्ट में पेश कइल गया जहां से जेल भेज दिहल गइल।

इ बा ममिला

एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई बतवले कि राज नर्सिंग एंड पैरामेडिकल कालेज के संचालक डा. अभिषेक यादव कूटरचित दस्तावेज कs के शासन से मान्यता मिलला के जानकारी देके नर्सिंग कालेज में छात्र-छात्रा लोगन के प्रवेश ले लेलस। शिकायत पs शासन के अनु सचिव जांच कइले तs पता चलल कि शासन के जवना आदेश के हवाला देके डा. अभिषेक आ ओकर सहजोगी प्रवेश लेले बा लो उ फर्जी बा।शासन के अनु सचिव कोतवाली थाना में राज नर्सिंग कालेज के संचालक पs कूटरचित दस्तावेज तइयार कs के जालसाजी करे के मुकदमा दर्ज करवले रहस। जालसाजी के जानकारी होखला पs  ठगी के शिकार छात्रन के स्वजन लोगन के तरफ तहरीर दिहल गइल रहे। कालेज पs ताला लगावे के संगही अधिकारी लोग आरोपितन के खिलाफ पिपराइच थाना में मुकदमा दर्ज करावल लो।

एह लोगन के भइल गिरफ्तारी

छानबीन कइला पs पता चलल कि कोतवाली दुर्गाबाडी निवासी डा. अभिषेक यादव ओकर मेहरारू डा. मनीषा यादव, शाहपुर के बशारतपुर में रहे वाली बहिन डा. पूनम यादव, ओकर साथी शक्तिनगर निवासी डा. सी प्रसाद उर्फ चौथी, बस्ती जिला के लालगंज,खोरिया निवासी शोभितानंद यादव, गुलरिहा थानाक्षेत्र के करमहा निवासी श्यामनरायण मौर्य आ मोगलहा निवासी विशाल त्रिपाठी के संगे मिलके ई गिरोह चला रहल बा। सुक के रात प्रभारी निरीक्षक कोतवाली अजय कुमार मौर्य आरोपितन के खिलाफ गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज करावे के संगही डा. मनीषा यादव, डा. पूनम यादव, श्यामनारायण मौर्य आ शोभितानंद के गिरफ्तार कs लेले। मुख्य आरोपित डा. अभिषेक यादव लखनऊ कारागार में पहिले से निरुद्ध बा। आउर आरोपितन के तलाश चल रहल बा।

आरोपितन पs दर्ज बा 14-14 मुकदमा

पकड़ल गइल आरोपितन के खिलाफ कोतवाली थाना में कूटरचित दस्तावेज तइयार कs के जालसाजी करे आ धमकी देवे  के 14-14 मुकदमा दर्ज बा। सब मुकदमा बरिस 2015 में दर्ज भइल रहे। जेमे पुलिस एफआर (अंतिम रिपोर्ट) लगा देले रहे। डा. अभिषेक यादव के खिलाफ कोतवाली आ पिपराइच थाना के अलावे लखनऊ में मुकदमा दर्ज होखला के बाद सब मुकदन के छानबीन शुरू भइल तs पुलिस बरिस 2015 में दर्ज भइल मुकदमन के फाइलो खोल देलस। जांच में आरोप के पुष्टि होखला पs कोर्ट में अंतिम रिपोर्ट भेजला के संगही गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज करा देलस।

जिला के पहिला गैंगस्टर डाक्टर परिवार

डा. अभिषेक यादव ओकर मेहरारू डा. मनीषा आ बहिन डा. पूनम यादव पs गैंगस्टर एक्ट के मुकदमा दर्ज होखला के बाद हड़कंप मच गइल बा। जिला प्रशासन सख्ती देखावत आरोपितन के संपत्ति के विवरणो जुटाना शुरू कs देले बा। एसपी सिटी बतवले कि अपराध से अर्जित संपत्ति के पुलिस जब्त कराई।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]