[the_ad_group id="30365"]

Home Loan खातीर करे वाला बानी अप्लाई! 5 गो बड़ बैंकन के पहिले इहां जान लीं ब्याज दर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

घर के मालिक बने के सपना सबके बा। अगर रउरो आपन सपना पूरा करे खातिर तइयार बानी आ होम लोन खातिर आवेदन करे के चाहत बानी तs पहिले बड़का बैंकन के ब्याज दर पs नजर डाले के पड़ी। घर खरीदल आदमी के लेवे वाला प्रमुख आर्थिक फैसला में से एगो हs। एकरा पs खरीददार के वर्तमान आय, ओकर भविष्य के आय के उम्मीद, वित्तीय लक्ष्य आदि के बहुत असर पड़ेला।

उम्मीद बा कि आपके घर खरीदे खातीर होम लोन लेवे के फैसला करे से पहिले अलग-अलग बैंक चाहे वित्तीय संस्थान के ओर से दिहल ब्याज दर के तुलना कईल जाए। एह घरी अधिकतर बैंक नियमित ब्याज दर से तनिका कम ब्याज दर पs होम लोन देत बाड़े। आईं इहाँ देश के पांच बड़ बैंक के होम लोन पs ब्याज दर पs चर्चा कईल जाए।

१-एसबीआई होम लोन 

उs आवेदक के सिबिल स्कोर के आधार पs 8.6 प्रतिशत से 9.65 प्रतिशत के बीच ब्याज दर लेता। 750 से अधिका क्रेडिट स्कोर वाला उधारकर्ता के सबसे कम ब्याज दर 8.6 प्रतिशत बा। अगर स्कोर 700 से 749 के बीच बा तs इs लोन 8.7 प्रतिशत के ब्याज दर पs उपलब्ध बा। 650 से 699 के स्कोर के संगे उधारकर्ता के 9.45 प्रतिशत के लोन दिहल जाता। 550 से 649 के बीच के स्कोर वाला लोग के 9.65 प्रतिशत में होम लोन मिल सकता।

२-बैंक ऑफ बड़ौदा होम लोन

सार्वजनिक क्षेत्र के बैंक ऑफ बड़ौदा 8.40 से 10.60 प्रतिशत के बीच ब्याज दर पs होम लोन दे रहल बा। सही ब्याज दर आवेदक के लोन सीमा अवुरी क्रेडिट स्कोर के आधार पs दिहल जाला। इs दर वेतनभोगी अवुरी गैर वेतनभोगी दुनो लोग पs लागू होखेला।

३-पंजाब नेशनल बैंक होम लोन

सार्वजनिक क्षेत्र के पंजाब नेशनल बैंक सालाना 8.40 से 10.10 प्रतिशत के बीच ब्याज दर पs होम लोन देवेला। सही ब्याज दर एलटीवी (लोन टू वैल्यू) रेशियो, लोन के रकम अवुरी क्रेडिट स्कोर के आधार पs दिहल जाला।

४-एचडीएफसी बैंक होम लोन

निजी क्षेत्र में सबसे बड़ एचडीएफसी बैंक के दर सालाना 8.50 से 9.15 प्रतिशत के बीच बा। ई दर वेतनभोगी वर्ग आ स्वरोजगार दुनों पs लागू होला। दुनो श्रेणी के मानक होम लोन दर 8.75 प्रतिशत से 9.40 प्रतिशत के बीच बा।

५-आईसीआईसीआई बैंक होम लोन

निजी क्षेत्र के आईसीआईसीआई बैंक क्रेडिट स्कोर के आधार पs 9 से 9.10 प्रतिशत के बीच होम लोन दे रहल बा। वेतनभोगी कर्मचारी अपना लोन पs 9 प्रतिशत ब्याज दर के हकदार बाड़े अवुरी स्वरोजगार करेवाला व्यक्ति 800 के क्रेडिट स्कोर पs 9 प्रतिशत अवुरी 750-800 के क्रेडिट स्कोर पs 9.10 प्रतिशत ब्याज दर पs होम लोन के लाभ उठा सकतारे।आईसीआईसीआई बैंक के मानक ब्याज दर 9.25 प्रतिशत से 10.05 प्रतिशत के बीच बा। अंत में ध्यान रहे कि होम लोन प विशेष ब्याज दर 31 दिसंबर 2023 तक ही मान्य बा। एकरा बाद दर अवुरी बाकी चीज़ में बदलाव हो सकता।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]