[the_ad_group id="30365"]

Gold Price Today: सोना लगईलस तेज दउड़, जानीं का बा 24,22 आ 18 कैरेट के लेटेस्ट रेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारतीय शेयर बाजार में सोना के दाम लगातार बढ़ रहल बा आ ई लगातार तिसरका दिन बा जब सोना के दर बढ़ल बा। भारतीय बुलियन ज्वेलर्स एसोसिएशन के मुताबिक बियफ़ें के 24 कैरेट सोना के दर 62,390 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गईल बा। पहिले इs 62,084 रुपिया प्रति 10 ग्राम रहे। चांदी के दर लगभग 73,600 रुपिया प्रति किलो बनल बा।

24, 22,18 आ 14 कैरेट के दर का बा?

24 कैरेट सोना के दर 62,390 रुपिया प्रति 10 ग्राम रहे। 22 कैरेट सोना के भाव 60,890 रुपिया प्रति 10 ग्राम, 20 कैरेट सोना के दर 55,520 रुपिया प्रति 10 ग्राम अवुरी 18 कैरेट सोना के भाव 50,530 रुपिया प्रति 10 ग्राम हो गईल बा। एकरा संगे 14 कैरेट के दर 40,240 रुपिया प्रति 10 ग्राम ले पहुंच गईल बा।

अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना चांदी के कीमत

आज अंतरराष्ट्रीय बाजार में सोना चांदी के कारोबार लगभग सपाट हो रहल बा। सोना 0.02 फीसदी के मामूली बढ़ोतरी के साथे रहल आ 2048 डॉलर प्रति औंस पs रहल। एकरा साथे चांदी के दाम 0.04 डॉलर प्रति औंस गिरल बा आ 24.58 डॉलर प्रति औंस पs बनल बा। अमेरिकी फेड के ब्याज दर में नरमी आवे के संकेत दिहला के बाद सोना आ चांदी दुनु में बढ़ोतरी भइल बा। फिलहाल ऊपरी स्तर पs दाम स्थिर बा।

वायदा बाजार में सोना चांदी के कीमत

वायदा बाजार में सोना आ चांदी दुनु के कारोबार सीमित दायरा में रहल बा। 5 फरवरी 2024 के सोना के कॉन्ट्रैक्ट 0.10 प्रतिशत के बढ़ोतरी के संगे 62,476 रुपिया प्रति 10 ग्राम पs कारोबार होखता। 05 मार्च 2024 के चांदी के कॉन्ट्रैक्ट 0.04 प्रतिशत घट के 75,457 रुपिया प्रति किलो पs बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]