[the_ad_group id="30365"]

यूपी 112 में तैनात होमगार्डन के मिली 150 रुपया अतिरिक्त मानदेय, शासनादेश जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी 112 सेवा में वाहन चालक के रूप में तैनात होमगार्डन खातिर शानदार खबर बा। योगी सरकार उनके कठिन चुनौतीपूर्ण काम के देखत हर होमगार्ड के उनके ड्यूटी भत्ता के अलावा 150 रुपये दैनिक मानदेय देहले के निर्णय लिहले बा। होमगार्ड लमहर समय से एकर आस लगवले रहनें जेके अब सरकार पूरा कs दिहले बा।

जारी शासनादेश के मुताबिक प्रदेश स्तरीय पुलिस इमरजेन्सी प्रबंधन प्रणाली (पीईएमएस) यूपी 112 में वाहन चालक के रूप में नियोजित होखे वाले होमगार्ड स्वयंसेवकन के ड्यूटी भत्ता के अतिरिक्त 150 रुपये मानदेय प्रतिदिन देहल जाई।

ई भत्ता होमगार्ड के यूपी 112 में तैनाती के अवधि ले ही मनाई। एह संबंध में वित्त विभाग के स्वीकृतियो मिल गइल बा। बता देईं कि करीब 8000 होमगार्ड यूपी 112 में अपनी सेवा दे रहल बानें। अब एह सब के ड्यूटी भत्ता के अलावा हर दिन 150 रुपया अतिरिक्त मानदेय मिली

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]