[the_ad_group id="30365"]

अनोखा तरीका: हाईकोर्ट जज के अर्दली भइल सस्पेंड, कमर में पेटीएम के क्यूआर कोड लगा के वकीलन से लेत रहे बख्शीश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कमर में पेटीएम के क्यूआर कोड स्कैनर लगा के वकीलन से ऑनलाइन बख्शीश लेवे वाले हाईकोर्ट जज के अर्दली (जमादार) के मुख्य न्यायाधीश जस्टिस राजेश बिंदल के आदेश पर सस्पेंड क दिहल गइल बा। अर्दली के ई करतूत सोशल मीडिया पर तेजी से वायरल भइले के बाद चीफ जस्टिस एके गंभीरता से लिहलें अउर रजिस्ट्रार के कार्रवाई खातिर निर्देश दिहलें।

इलाहाबाद हाईकोर्ट कैंपस में वर्दी पर पेटीएम के वॉलेट लगा के वकीलन से बख्शीश लेवे वाले कोर्ट जमादार (अर्दली) राजेन्द्र कुमार के महानिबंधक निलंबित कs दिहल गइल बा। मुख्य न्यायाधीश वायरल फोटो के गंभीरता से लिहलें अउर कार्यवाही करे के आदेश दिहलें। जेपर हाईकोर्ट के महानिबंधक आशीष गर्ग सस्पेंड के आदेश दिहलें। सस्पेंशन अवधि के दौरान राजेंद्र कुमार नजारत सेक्शन से संबद्ध रही।

कोर्ट के अनुमति के बिना आपन स्टेशनो नाइ छोड़ सकी। एह दौरान उनके निलंबन भत्ता के भुगतान होत रही। आरोप बा कि ऊ कोर्ट कैंपस में अपने वर्दी पर पेटीएम के वैलेट लगा के घूमत रहनें। फुटकर न होखले के दशा में ओही पs वकीलन से बख्शीश मांगत रहे। पेटीएम वॉलेट के जरिए वकीलन से ऑनलाइन टिप लेत रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]