[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर: पुलिस मुठभेड़ में चार इनामी बदमाश गिरफ्तार, कई दिन से रहल तलाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिला में बियफे के भोर में पटहेरवा पुलिस अउर बदमाशन के बीच मुठभेड़ भइल, जेमें चार अंतरप्रांतीय बदमाश गिरफ्तार कइल गइल। पुलिस के गोली से घायल बदमाशन के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। इनके लग्गे से एक स्कार्पियो, एक पिस्टल, तीन तमंचा, बोर, 16 कारतूस बरामद कs के पुलिस आगे के करवाई में जुटल बा। घटना स्थल के पुलिस अधीक्षको पहुंचल रहनें।

बियफे के भोर में करीब तीन बजे मुखबिर के सूचना पर पुलिस अपराधियन के सुराग में लागल रहे। एही दौरान हाइवे पर स्थित मतलुक छापर गांव के सोझे एगो स्कार्पियो आवत दिखल, जेके पुलिस रोके के कोशिश कइलस। एही दौरान स्कार्पियो सवार पुलिस पs फायर करे लगनें सब। पुलिस के जवाबी करवाई में चारों लोग घायल हो गइल।

बतावल जाता कि चारों के खिलाफ लूट, डकैती, गोवध निवारण सहित अन्य धारा के तहत अलग-अलग राज्यन के थाना में दर्ज बा। चारों बदमाश इनामिया बानें। मुठभेड़ में घायल इकबाल कुरैशी निवासी कोशी थाना कोशी कला जनपद मथुरा, खालिद अली निवासी आली थाना बहिन जनपद पलवल हरियाणा,एजाजुल हक हाल मुकाम कंधई थाना राजनगर जनपद मधुबनी बिहार अउर स्थाई पता सुराली थाना पुनहाना जनपद मेवात हरियाणा अउर इकराम निवासी तकिया वाली मस्जिद थाना विछोर जनपद नूह मेवात हरियाणा के बतावल जाता।

एह संबंध में थानाध्यक्ष गिरिजेश उपाध्याय बतवलें कि अंतरप्रांतीय गिरोह के चार बदमाश मुठधेड़ में घायल भइल बाने। इनकर इलाज जिला अस्पताल में चल रहल बा। इनके खिलाफ लूट, डकैती, चोरी सहित अन्य गंभीर केस दर्ज बा। खालिद अउर एजाजुल हक 25 हजार इनाम घोषित बा, जबकि इकराम पs 50 हजार के इनाम घोषित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]