[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली से बरौनी खातिर चली होली स्पेशल ट्रेन : त्योहार में बेसी भीड़ के देखत रेलवे लेलस फैसला

प्रतिकात्मक तस्वीर।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे होली में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत 04062-04061 दिल्ली-बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी के संचालन दिल्ली से 24-31 मार्च आ बरौनी से 25 मार्च- एक अप्रिल के दु फेरन खातिर कइल जाई। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के दिल्ली आ बरौनी से यात्रा करे में सहूलियत होई। ई जानकारी रेलवे पीआरओ पत्र जारी करत देले बाड़ें। पीआरओ अशोक कुमार बतवलें कि दिल्ली रूट से होली पs यात्रियन के भीड़ बढ़ जाला। जवना चलते सहूलियत प्रदान करे खातिर ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा।

एह गाड़ी में शयनयान श्रेणी के 18, साधारण द्वितीय श्रेणी के दुगो, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के एगो आ एसएलआर के दुगो कोच सहित कुल 23 गो कोच लगावल जाई।

दिल्ली से 08:50 बजे प्रस्थान करी 

04062 दिल्ली-बरौनी होली विशेष गाड़ी 24-31 मार्च के दिल्ली से 08:50 बजे प्रस्थान कs के अलीगढ़ से 10:37 बजे, टुण्डला से 11:35 बजे, इटावा से 12:40 बजे, कानपुर सेंट्रल से 15:25 बजे, लखनऊ से 17:50 बजे, गोण्डा से 20:35 बजे, बस्ती से 21:55 बजे, गोरखपुर से 23:10 बजे, दूसरका दिन सीवान से 01:00 बजे, छपरा से 02:40 बजे आ हाजीपुर से 04:15 बजे छूटके बरौनी 06:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 04061 बरौनी-दिल्ली होली विशेष गाड़ी 25 मार्च आ एक अप्रिल के बरौनी से 08:00 बजे प्रस्थान कs के हाजीपुर से 09:35 बजे, छपरा से 11:50 बजे, सीवान से 12:32 बजे, गोरखपुर से 14:50 बजे, बस्ती से 15:52 बजे, गोण्डा से 17:55 बजे, लखनऊ से 20:30 बजे, कानपुर सेंट्रल से 22:25 बजे, दूसरका दिन इटावा से 00:05 बजे, टुण्डला से 01:22 बजे आ अलीगढ़ से 02:42 बजे छूटके दिल्ली 07:35 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]