खाता से 100,000 से जादा निकालल आ जमा भइल तs बैंक आयोग के देइ सूचना

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2024

  लोकसभा चुनाव के तारीख तय हो गइल बा। तारीख के घोषणा के संगे आचार संहिता लागू हो गईल बा। चुनाव के पारदर्शी बनावे खातिर चुनाव आयोग कदम उठावल जा रहल बा। एकरा तहत जदी

Share

 

लोकसभा चुनाव के तारीख तय हो गइल बा। तारीख के घोषणा के संगे आचार संहिता लागू हो गईल बा। चुनाव के पारदर्शी बनावे खातिर चुनाव आयोग कदम उठावल जा रहल बा। एकरा तहत जदी चुनाव के दौरान कवनो बैंक खाता से एक लाख से जादे रुपिया जमा हो गईल चाहे निकालल जाता तs उs जानकारी जिला निर्वाचन अधिकारी के देवे के होई। ई नियम ओह लोग पs लागू होखी जे पिछला दू महीना में अइसन जमा भा निकासी नइखे कइले।

एकरा अलावे जदी कवनो बैंक खाता से दस लाख से जादे रुपिया निकालल जाता तs ओकर जानकारी जिला निर्वाचन अधिकारी आयकर विभाग के नोडल अधिकारी के दे दिहे। संगही बैंक के सभ संदिग्ध लेनदेन के रिपोर्ट जिला चुनाव अधिकारी के देवे के होई। मुख्य निर्वाचन अधिकारी भारतीय निर्वाचन आयोग के ओर से नियुक्त राज्य स्तरीय बैंकर समिति के संगे भईल बैठक में चुनावी व्यय के संबंध में निर्देश देले। एहमें बड़का बैंकन के करीब 51 गो अधिकारी भाग लिहले।

मुख्य निर्वाचन अधिकारी बैंकन के निर्देश दिहले बाड़न कि चुनाव के दौरान नकदी ले जाए खातिर ईएसएमएस पोर्टल से क्यूआर रसीद बनावल जाई आ नकदी ले जाए वाला गाड़ी के साथे आवे वाला अधिकारी आ कर्मचारी के दिहल जाई। एकरा के जांच के दौरान देखावे के होई। अगर नकद जानकारी क्यूआर रसीद से मेल ना खात होखे तs। एकरा के उल्लंघन मानल जाई। अगर कवनो तकनीकी गड़बड़ी के चलते क्यूआर रसीद नईखे बनत तs बैंक खातीर नकद परिवहन खातीर जारी एसओपी के मुताबिक जरूरी सबूत के संगे नकद परिवहन भी होई।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.