[the_ad_group id="30365"]

बिहार नगर निकाय चुनावः रास्ता अब साफ, सुप्रीम कोर्ट में टलल सुनवाई, जानीं कब होई मतदान आ मतगणना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटनाः बिहार में नगर निकाय के चुनाव होखला के रास्ता अब साफ हो गइल बा। अब तय समय पs चुनाव होई। दरअसल, सुप्रीम कोर्ट में एह ममिला में चल रहल सुनवाई टल गइल बा। ई सुनवाई अगिला साल 20 जनवरी के होई। एकरा पहिलही बिहार में नगर निकाय चुनाव संपन्न हो जाई।

सुप्रीम कोर्ट एह ममिला में बड़ फैसला देले रहे कि अति पिछड़ा वर्ग आयोग के डेडिकेटेड कमीशन नइखे मानल जा सकत बा। अइसन में ई लाग रहल बा कि सुप्रीम कोर्ट 18 आ 28 दिसंबर के होखे वाला निकाय चुनाव पर रोक लाग सकत बा। बतावल जात बा कि नगर निकाय चुनाव ममिला में जब सुप्रीम कोर्ट एह ममिला के सुनवाई करी, तब तक बिहार में नगर निकाय चुनाव संपन्न हो जाई।

हालांकि एकरा पहिले 28 नवंबर के सुप्रीम कोर्ट कहले रहे कि बिहार अति पिछड़ा वर्ग आयोग के डेडिकेटेड कमीशन ना मानल जा सकत बा। सुप्रीम कोर्ट के आदेस में एगो टाइपिंग मिस्टेक भइल रहे आ एकस्ट्रिमली बैकवार्ड क्लास कमीशन के बजाय इकोनॉमिकल बैकवार्ड क्लास कमीशन टाइप हो गइल रहे।

बाकिर एक दिसंबर के सुप्रीम कोर्ट नया आदेस निकाल के कहलस कि एक्ट्रीमली बैकवार्ड क्लास कमीशन (अति पिछडा वर्ग आयोग) के डेडिकेटेड कमीशन बा माने के बात कहले रहस। बता दीं कि बिहार में नगर निकाय चुनाव दु चरणन में होखे वाला बा। पहिला चरण खातिर मतदान 18 दिसंबर के होई आ 20 दिसंबर के मतन के गिनती कर रिजल्ट जारी कर दिहल जाई।

ओहिजा दूसरा चरण खातिर मतदान 28 दिसंबर के होई आ 30 दिसंबर के मतन के गिनती कर के परिणाम जारी कइल जाई। एकरा पहिले ई चुनाव अक्टूबर में होखे वाला रहे, बाकिर पटना हाईकोर्ट के आदेस के बाद चुनाव के रद्द कर दिहल गइल रहे। बिहार नगर निकाय चुनाव खातिर मीनाक्षी अरोड़ा आ राहुल श्याम भंडारी सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले बा लो।

एकर सुनवाई अगिला साल 20 जनवरी 2023 के होई। न्यायाधीश सूर्यकांत आ न्यायाधीश जे के माहेश्वरी ममिला में सुनवाई करिहें। एकरा पहिले सुप्रीम कोर्ट निकाय चुनाव के लेके गठित भइल अति पिछड़ा आयोग के डेडिकेटेड कमीशन माने से इनकार कर देले रहे आ सुनवाई खातिर याचिका के योग्य मानल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]