[the_ad_group id="30365"]

Himachal: तेज बरखा से भारी नुकसान, हवा में लटकल बस, गाड़ी धसली सs , दु दिन खातीर ऑरेंज अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हिमाचल प्रदेश में मूसलाधार बरखा के चलते भारी नुकसान भइल बा। राजधानी शिमला में मलबा के नीचे बहुत गाडी दफन हो गईल बा। कई गो रूट आ सड़क बंद बा। बरसात के पानी लोग के घर में घुस गईल। गिरी से शिमला कस्बा तक पिए के पानी के आपूर्ति परियोजना में गाद के चलते बंद हो गईल बा। भारी बरखा के चलते राजगढ़-नाहन रोड पs नेहर बाग के नजदीक पंजाब रोडवेज के एगो बस हवा में लटक गईल। सभे यात्री सुरक्षित बाड़े। परवाणू शिमला एनएच पs पत्थर आ मलबा गिरला के चलते परवाणू से धरमपुर ले अनेके जगहा पs यातायात के एकतरफा बना दिहल गइल बा।

मंडी के के कटौला में 163.3 मिमी, चंबा के सिंहुता में 160 मिमी, सोलन के कसौली में 145 मिमी आ कांगड़ा में 143.5 मिमी मिलल। शिमला शहर में 99.2 मिमी, मंडी में गोहर में 81 मिमी, पांडोह में 74 मिमी, सुंदरनगर में 70 मिमी आ सिरमौर के पछाद में 65.2 मिमी बारिश भइल।

मौसम केंद्र शिमला 25 आ 26 जून के राज्य में भारी बरखा के ऑरेंज अलर्ट जारी कइले बा। मंडी जिला के डैहर उपतहसील के ग्राम पंचायत सलापड़ कालोनी के सीयू गांव के 80 साल के सौजू राम पिता काला राम बीबीएमबी पावर हाउस सलापड़ के पास आपन 18 बकरी चरत रहले।

सतलुज नदी के पानी के स्तर अचानक बढ़ला के चलते पानी के तेज धारा से बुजुर्ग अवुरी 18 बकरी बह गईले। डीएसपी सुंदरनगर दिनेश कुमार बतवले कि लापता वृद्ध के खोजे खातिर तलाशी अभियान चल रहल बा।

 

जोगिंद्रनगर के समखेतर में बाढ़ के चलते सड़क बह गईल बा, जवना के चलते बहुत गांव के संपर्क कट गईल बा। कुछ घरन के भी भारी नुकसान भइल बा। सराज इलाका के कई गांव में बिजली नइखे। जंजैहली मंडी सड़क समेत कई गो अउरी सड़क जाम हो गइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]