[the_ad_group id="30365"]

बिहार में फेरु धंसल पुल, पहिलका बरसात में चढ़ल भ्रष्टाचार के भेंट, 1564 करोड़ के लागत से हो रहल बा तइयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

किशनगंज : बिहार के एगो अवुरी पुल भ्रष्टाचार के शिकार हो गईल बा। इ पूरा मामला किशनगंज जिला के सुखानी थाना क्षेत्र के तहत गौरी गांव से जुड़ल बा। इहाँ नेशनल हाईवे 327 ई पs मैची नदी पs बनल पुल बीच से डूब गइल बा। 1564 करोड़ के लागत से बनल इ पुल पहिला बारिश तक ना झेल पावल। जबकि मैची नदी में अबे ले बहुत कम पानी बा।

नेपाल आ पश्चिम बंगाल के बिहार से जोड़े वाला अररिया-गलगलिया सड़क के चौड़ा करे के काम चल रहल बा। एह में कई गो पुल के निर्माण के काम चल रहल बा। 94 किलोमीटर के फोर लेन सड़क के निर्माण जी आर इंफ्रा स्ट्रक्चर कंपनी करत बिया। गौरी गांव के लगे ठाकुरगंज-बहादुरगंज के बीच मैसी नदी पs छह स्पेन के पुल बनावल जा रहल बा जवना के बीच शुक के दिने गिर गइल।

एनएचएआई ए घटना के जांच करतिया

अबे ले पुल पs यातायात शुरू नईखे भईल। पुल गिरला के जानकारी के बाद जांच कईल जाता। इहाँ किशनगंज के जिला मजिस्ट्रेट श्रीकांत शास्त्री कहले कि उनुका ए बारे में भी जानकारी मिलल बा। पुल के एक पाया डूब गइल बा। उ कहले कि ए पुल के निर्माण के काम एनएचएआई के ओर से एगो कंपनी के संगे कईल जाता, जवन भी कार्रवाई करे के बा, उ लोग के ओर से करे के बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]