मैनपुरी के बेसिक शिक्षा विभाग में एक के बाद एक फर्जी शिक्षक के शिकायत मिल रहल बा। अब करहल में तैना एगो शिक्षक के फर्जी रिकार्ड के आधार पे नौकरी मिलला के शिकायत उनुकर चाचा कईले बाड़े। शिकायत मिलला पे बीएसए प्रखंड शिक्षा अधिकारी करहल के जांच अधिकारी नियुक्त कईले बिया।
इहा के ह मामला
टिकुरी गांव के निवासी राजेन्द्र प्रसाद बीएसए के शिकायत पत्र देत बतवले कि हरेन्द्र सिंह फिलहाल करहल विकास प्रखंड के प्राथमिक विद्यालय पडरी में सहायक शिक्षक के पद पे तैनात बाड़े। हरेन्द्र सिंह के शैक्षणिक योग्यता हाई स्कूल फेल बा। आरोप लगावल गइल बा कि हरेन्द्र आपन नाम बदल दिहले बाड़न। उनकर असली नाम हृदेश कुमार ह। इनकर जनम तिथि 29 नवंबर 1974 बाटे।
सबूत दिहल गइल
शिकायतकर्ता अपना शिकायत पत्र में छ: से आठवीं आ नौवीं आ दसवीं कक्षा के टीसी आ मार्कशीट भी संलग्न कइले बा। जवना में हरेन्द्र के नाम हृदेश के रूप में लिहल गइल बा। शिकायत पत्र मिलला के बाद बीएसए शिक्षक हरेंद्र सिंह के जांच शुरू क देले बा।
प्रखंड शिक्षा अधिकारी जांच कर रहल बाड़े
शिकायत मिलला के बाद बीएसए दीपिका गुप्ता प्रखंड शिक्षा अधिकारी करहल सुबोध कुमार पाठक के चिट्ठी लिख के निर्देश देले बाड़ी कि एक सप्ताह के भीतर मामला के जांच करस अवुरी संबंधित शिक्षक के खिलाफ कार्रवाई होखे के सुनिश्चित करस।
जांच रिपोर्ट मिलला पे कार्रवाई कईल जाई
बीएसए दीपिका गुप्ता बतवली कि शिकायत मिल चुकल बा। शिकायत के आधार पे जांच कईल जाता। जांच प्रखंड शिक्षा अधिकारी करहल के सौंप दिहल गईल बा। जांच रिपोर्ट मिलला के बाद आगे के कार्रवाई कईल जाई।
साभार- अमर उजाला