[the_ad_group id="30365"]

BPSC मेंस के तारीख घोषित: 12, 17 आ 18 मई के दु पालियन में होई परीक्षा, 300 अंकन के निबंध रही सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

68 वीं BPSC मुख्य प्रतियोगिता परीक्षा के लेके 12 मई के एक पाली में, 17 मई आ 18 मई के दु पालियन में पटना के 7 परीक्षा केंद्रन पs आयोजित कइल जा रहल बा। एमे कुल 3444 अभ्यर्थी होई लो।

पहिला बेर निबंध होई सामिल

एह परीक्षा में पहिले के प्रमुख परीक्षन से आंशिक संशोधन करत सब्जेक्टिव आ वस्तुनिष्ठ परीक्षा आयोजित कइल जा रहल बा। ऐच्छिक विषय, वस्तुनिष्ठ प्रकृति आ क्वालीफाइंग होई। शेष सब विषय सब्जेक्टिव प्रकृति के होई, जेमे हिंदी विषय एक सौ अंक के क्वालीफाइंग होई। सामान्य अध्ययन प्रथम आ द्वितीय 300-300 अंकन के होई। पहिला बेर एह परीक्षा में निबंध विषय के सम्मिलित कइल गइल बा। जवन 300 अंकन के बा।

मुख्य परीक्षा खत्री मेधा के निर्धारण सामान्य अध्ययन प्रथम आ द्वितीय आ निबंध विषय में प्राप्तांक के आधार पs कइल जाई। सब्जेक्टिव विषयन खातिर साधारण कैलकुलेटर के अनुमति दिहल गइल बा, बाकिर एगो विषय खातिर कवनो तरे के केलकुलेटर के अनुमति नइखे दिहल गइल। सब्जेक्टिव परीक्षा के लिखे के माध्यम हिंदी, अंग्रेजी आ उर्दू में से एगो होई जवना अभ्यर्थियन के उत्तर पुस्तिका में दर्ज करे के बा। परीक्षा के एक घंटा पहिले अभ्यर्थियन के प्रवेश पs प्रतिबंध लाग जाई। ओहिजा 2 घंटा पहिले से एंट्री सुरू हो जाई।

एह बातन के रखीं धेयान 

  • सब्जेक्टिव विषयन के प्रश्न उत्तर पुस्तिके में होई आ प्रश्नन के उत्तर निर्धारित जगह पs लिखे के होई।
  • परीक्षा सुरू होखे के 1 घंटा पहिले से परीक्षा केंद्र में प्रवेश पूर्णतया वर्जित बा एहिसे अभ्यर्थियन के परीक्षा सुरू होखे से 2 घंटा पहिले परीक्षा केंद्र पs पहुंचे के होई।
  • परीक्षा केंद्र पs मोबाइल, रिस्ट वॉच आदि के प्रवेश पs रोक होई।
  • सब परीक्षा केंद्रन पs मोबाइल जैमर के व्यवस्था कइल गइल बा।
  • प्रत्येक उपस्थित अभ्यर्थियन के बायोमेट्रिक उपस्थिति आइरिस कैपचरिंग आ फेशियल रिकॉग्निशन के माध्यम से कइल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]