[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: परीक्षा होइ, परिणाम हाईकोर्ट के आदेश के बाद जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विश्वविद्यालय द्वारा रोकल गइल सत्र 2019-20 के प्री पीएचडी छात्र परीक्षा दे सकेलें। चार गो विद्यार्थियन के याचिका पे सुनवाई करत हाईकोर्ट 30 अप्रैल के होखे वाला परीक्षा में शामिल करे के आदेश दिहले बा। हालांकि कोर्ट के आदेश के बाद ए लोग के रिजल्ट जारी क दिहल जाई।

गोरखपुर विश्वविद्यालय प्रशासन के तरफ से 17 गो नामजद के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल।ओह मामिला में अंतिम रिपोर्ट के बाद उनुका के बरी क दिहल गइल बा। हाईकोर्ट में दीप्ती राय समेत 73 लोग के ओर से ए मामला में परीक्षा करावे खातीर अपील कईल गईल।

एकरा पे कोर्ट डीडीयू प्रशासन के 30 अप्रैल तक उनुकर परीक्षा करावे के आदेश देलस। एही बीच 28 अप्रैल के कमल कांत राव आ तीन लोग के याचिका पे सुनवाई करत हाईकोर्ट ए चारो के परीक्षा में शामिल करे के आदेश देले बिया। एकर अगिला सुनवाई 15 मई के होई।

आजु फार्म भरे के आखिरी मौका 

30 अप्रैल के परीक्षा बा, लेकिन शुक्रवार के रात 8 बजे तक उनुकर ऑनलाइन आवेदन फार्म नईखे खुलत। कुल 17 छात्र में से 16 छात्र सत्र 2019-20 के बाड़े। छात्रन के प्रतिनिधिमंडल शुक के दिने भी परीक्षा नियंत्रक आ मुख्य परीक्षा नियंत्रक के कार्यालय के दौरा जारी रखले रहे। हालांकि ए दौरान उनुका आश्वासन मिल गईल।

साभार- अमर उजाला

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]