Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जुमा के नमाज के ले के वाराणसी में हाई अलर्ट जारी, ज्ञानवापी के फैसिला के बाद आजु पहिला जुमा

200
नई सड़क पर पुलिस फोर्स
जुमा के नमाज के देखत कमिश्नरेट पुलिस अलर्ट मोड पर बा। फोर्स के ब्रीफ करत एसीपी दशाश्वमेध अउरी थानाध्यक्ष दशाश्वमेध साथ में पैदल गश्त कइलें।
ज्ञानवापी गेट नंबर चार के आगे का माहौल

ज्ञानवापी गेट नंबर चार के सोझे भारी फोर्स लगावल गइल बा। नयका सड़क लंगड़ा हाफिज मस्जिद के लग्गे एसीपी दशाश्वमेध अवधेश पांडे  पुलिसकर्मियन के ब्रीफिंग कइलें।
ज्ञानवापी गेट नंबर 4 के आगे का माहौल

दशाश्वमेध, चौक, लक्सा अउरी कोतवाली थाना के थानेदार के सतर्कता बरते के निर्देश दिहल गइल बा। संगही पुलिस आयुक्त लगातार मूवमेंट करत रहे खातिर भी कहले बानें।
पुलिस फोर्स

 ज्ञानवापी परिसर के आसपास के गलियन में भी पुलिस तैनात कइल गइल बा।
332010cookie-checkजुमा के नमाज के ले के वाराणसी में हाई अलर्ट जारी, ज्ञानवापी के फैसिला के बाद आजु पहिला जुमा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.