[the_ad_group id="30365"]

लापरवाही से पीएनबी के करेंसी चेस्ट में गल गइल 42 लाख के नोट, चार बैंक अफसर भइलें सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर में पंजाब नेशनल बैंक के पांडु नगर शाखा के करेंसी चेस्ट में रखल गइल 42 लाख रुपया सीलन से गल गइल। बैंक के अधिकारी लोग केहू के मामला के भनक नाइ लागे देहनें, लेकिन जुलाई के अंत में आरबीआई जब करेंसी चेस्ट के ऑडिट कइलस, त मामला खुल गइल।

ऑडिट में ई रकम एतना बड़ नाइ रहल। बाद में गिनती करावल गइल त 42 लाख रुपया के करेंसी नोट के सीलन में गलले के खुलासा भइल। एह मामला में वरिष्ठ प्रबंधक करेंसी चेस्ट देवी शंकर सहित चार अफसरन के सस्पेंड कइल गइल बा। एहमें से तीन अफसर हाल में तबादला हो के इहवाँ आइल रहनें।

आरबीआई के अफसर लोग 25 जुलाई से 29 जुलाई 2022 ले शाखा के करेंसी चेस्ट के निरीक्षण कइले रहल। एकरे बाद उ 14,74,500 रुपये कम होखले अउरी अधिकतम अउर न्यूनतम रकम में 10 लाख क के अंतर होखले के रिपोर्ट दीहलें रहनें। सथही 10 रुपया के 79 बंडल अउरी 20 रुपया के 49 बंडल खराब होखले के जानकारी देहले रहनें।
सूत्र के अनुसार, एकरे बाद हप्ता भर नोट के गिनती करावल गइल।

एहमें पता चलल कि 42 लाख रुपया के नोट गल गइल बा। मामिला में देवी शंकर, वरिष्ठ प्रबंधक करेंसी चेस्ट के सस्पेंड कइल गइल बा। ऊ तबादला हो के 25 जुलाई के ही आइल रहनें जबकि चेस्ट में रुपया के गलले के घटना एकरे पहिले के ह।

सूत्र के अनुसार एकरे अलावा तीन अन्य अफसर भी सस्पेंड कइल गइलें। एहमें से भी दू लोग एही साल जून अउरी जुलाई में बैंक में चार्ज सम्हरले रहनें। एहमें छह जून 2022 के रिपोर्ट करे वाले प्रबंधक करेंसी चेस्ट आशा राम अउर जून 2022 में करेंसी चेस्ट जवाहर नगर, उन्नाव से स्थानांतरित हो के आइल वरिष्ठ प्रबंधक भास्कर कुमार शामिल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]