[the_ad_group id="30365"]

Aadhaar Card: का होला बाल आधार कार्ड? एकरा के बनवावे के खातिर कवना दस्तावेजन के पड़ेला जरूरत, इहां जानीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Blue Aadhaar Card: आधार (Aadhaar Card) आज के समय में खाली बड़ें लोग खातिर ना बलुक लईकन खातिरो एगो महत्वपूर्ण डॉक्यूमेंट (Important Documents) बन चुकल बा। लईकन खातिर आधार बहुते जरूरी हो गइल बा। बिना आधार लईकन के कवनो सरकारी योजना के फायदा उठावे में दिक्कत होला। हम बता रहल बानी कि 5 साल से कम उमिर के लईकन खातिर आधार कार्ड बनवावर के डिटेल के बारे में। एह कार्ड के जरूरत आजकल स्कूल एडमिशन (School Admission) में जरूर पड़ेला। आधार के बढ़ती उपयोगिता के कारण नवजात लईकनो (New Born Baby) के आधार कार्ड आसानी से बन जाला।

बाल आधार कार्ड कहां बनवावल जा सकत बा

5 साल के कम उमिर के लईकन के आधार कार्ड के ब्लू आधार कार्ड कहल जा। एकरा के बाल आधार कार्डो (Baal Aadhaar Card) कहल जाला। आधार जारी करे वाली संस्था UIDAI नवजात लईकन के आधार कार्ड बनवावे के सुविधा देला। एह कार्ड के कवनो आधार केंद्र (Aadhaar Kendra) में जाके बनवावल जा सकत बा।

ई नॉर्मल आधार कार्ड के जइसने होला, जेमे लईकन के नाम, उमिर, फोटो, एड्रेस आदि डिटेल्स होला। ई वयस्क के आधार कार्ड से खाली एह ममिला में अलग होला कि एमे लईकन के बायोमेट्रिक जानकारी दर्ज ना कइल जाला।

एह जानकारी के लईकन के 5 साल के होखला के बाद अपडेट करवावे के पड़ेला। एह आधार के बनवावे खातिर एनरोलमेंट फॉर्म (Enrollment Form) भरके आधार केंद्र में जमा करवावे के पड़ेला। एकरा संगही कुछ जरूरी दस्तावेजो जमा करेला। जदि रउओ अपना लईकन के आधार कार्ड बनवावल चाहत बानी त रउओ कुछ जरूरी दस्तावेजन के जरूरत पड़ी। हम रउआ के ओह दस्तावेजन के लिस्ट के बारे में जानकारी दे रहल बानी। एह सब डॉक्यूमेंट्स ले फोटो कॉपी रउआ लगावे के होई।

एह डॉक्यूमेंट्स के पड़ी जरूरत

  1.  लईकन के जन्म प्रमाण पत्र (Birth Certificate)।
  2. माता-पिता के आधार कार्ड (Aadhaar Card)।
  3. अस्पताल के डिस्चार्ज सर्टिफिकेट।
  4. बिजली का बिल (Electricity Bill)।

नीला आधार कार्ड बनवावे के तरीका

सबसे पहिले बच्चन के लेके आधार केंद्र जाई। उहां रउआ लईकन के आधार कार्ड खातिर एगो एप्लीकेशन फॉर्म (Aadhaar Application Form) दिहल जाई, जवना के भरे के होई।

एमे लईकन के नाम, माता-पिता के नाम, आधार नंबर, बिजली के बिल आदि जइसन डॉक्यूमेंट्स के जरूरत पड़ी। एकरा बाद लईकन के एगो तस्वीर लिहल जाई। एकरा बाद नीला आधार कार्ड के एप्लीकेशन प्रोसेस पूरा हो जाई।

एह सब प्रक्रिया के पूरा होखला के बाद एगो स्लिप मिली, जवना के संभार के राखे के होई। एकरा से रउआ आधार के ऑनलाइन स्टेटस चेक क सकत बानी। कुछे दिन में आधार रउआ घरे आ जाई। 5 साल से कम उमिर के लईकन के  आधार बुलु कलर के होला एहिसे एकरा के नीला आधार कार्डो कहल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]