[the_ad_group id="30365"]

भारी हंगामा के बीच सीएम सोरेन रखलें विश्वास मत, कुर्सी पर संकट के बीच देखइहें ताकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के सीएम हेमंत सोरेन आपन कुर्सी पर मंडरात संकट के बीच आजु राज्य विधानसभा में विश्वास मत प्रस्ताव पेश कs देहलें। विपक्षी भाजपा सदस्य लोग एह दौरान जमकर हंगामा कइल। सीएम सोरेन के तकदीर के फैसिला राज्यपाल रमेश बैस के करे के बा। ऊ अब ले सोरेन के अयोग्य करार देहले के बारे में चुनाव आयोग के सिफारिश पर कौनो फैसिला नाइ देहलें बानें।

अतवार के 6 दिन बाद रायपुर से भव्य गठबंधन सरकार के समर्थन करे वाला 29 विधायक के रांची ले आवल गईल। सोरेन सोमार के दिने झारखंड विधानसभा में विश्वास मत पेश करीहें। मानल जात बा कि सीएम सोरेन विधानसभा में बहुमत चाहे विश्वास मत साबित कs पइहें बाकिर एहसे उनका कुर्सी पर आवे वाला संकट आ विधायिका से अयोग्य करार देवे के संभावना ना दूर हो पाई।

रायपुर से रांची पहुंचल विधायकन के सर्किट हाउस में राखल गइल बा। सीएम सोरेन ओहिजा पहुंच के उनका से मिललें। विश्वास मत साबित करे खातिर विधानसभा के मानसून सत्र एक दिन बढ़ा दिहल गइल बा। राज्य में चलत राजनीतिक संकट के चलते सर्किट हाउस अउरी विधानसभा के आसपास सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा।

नकदी कांड में शामिल तीनो कांग्रेसी विधायक एहमें शामिल ना होखिहें

नगदी घोटाला में फंसल राज्य के तीन गो कांग्रेसी विधायक आजु विश्वास मत में भाग ना ​​ले पइहें। ई विधायक हवें, डॉ इरफान अंसारी, नमन विक्सल कोंगाड़ी अउर राजेश कच्छप। उनके हाईकोर्ट कोलकाता छोड़े के इजाजत नाइ देहलें बा।

विधानसभा की दलीय स्थिति

कुल सीटें 81
बहुमत 42
झामुमो 30
कांग्रेस 15
अन्य 3
भाजपा 26
आजसू 2
निर्दलीय 2

सोरेन के 48 विधायकन के समर्थन

सीएम सोरेन के बहुमत के दृष्टि से कौनो खतरा नाइ बा। ऊ अपने पार्टी झामुमो के 30, कांग्रेस के 15 (कैश कांड में लिप्त तीन विधायकन के छोड़के), राजद, भाकपा माले अउरी एनसीपी के एक-एक विधायक के समर्थन बा। एह तरह सोरेन के लग्गे 48 विधायकन के भरपूर समर्थन बा। एह तरे सत्ता पक्ष को बहुमत के ले के कौनो तरह के कौनो कमी नाइ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]