[the_ad_group id="30365"]

हरियाणा के यमुनानगर में लोग पर गिरल रावण के जरत पुतला, फतेहाबाद में दहन से पहिलही बीच से टूटल पुतला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के यमुनानगर में रावण दहन के दौरान लोग पर रावण के पुतला गिर गइल। एहमें कुछ लोग घायल हो गइलें। हालांकि गनीमत रहल कि एगो बड़ हादसा होत-होत टल गइल। शहर के दशहरा ग्राउंड में रावण के जरत पुतला में से लकड़ी निकालल लोग के जान खातिर आफत बन गइल। लकड़ी निकाले खातिर के दौरान 70 फीट के पुतला गिर गइल। जेकरे नीचे सात लोग दब गइल।
लोग पर पुतला गिरत देख के मैदान में चीख पुकार मच गइल। उहवें लग्गे से जा रहल लोग के रोके प्रयास कs रहल पुलिस कर्मचारी पुतला के चपेट में अइले से बाल-बाल बच गइलें। लापरवाही के एह हादसा में तीन लोग के चोट लगने से कपार फाट गइल। जबकि दू लोग के कपड़ा जल गइल। उहवें दू लोग पुतला में लागल पटाखा के चपेट में अइले से झुलस गइल। अइसन में लोग के काबू कइले में पुलिस के भारी मशक्कत करे के पड़ल। गनीमत रहल कि हादसा में जान के नुकसान नाइ भइल।

 

एकरे बाद भी लोग नाइ मानल अउर रावण के पुतला के लकड़ी लेवे खातिर दौड़त रहल। घायल लोग के एंबुलेंस में पहुंचावल गइल। लोग पs पुतला देखके उहां भगदड़ के माहौल बन गइल, जेसे थाना शहर प्रभारी कमलजीत के पुलिस कर्मचारियन के साथ लोग के उहां से खदेड़े के पड़ल। पुतला के नीचे दबले से सरोजनी कॉलोनी सुरेंद्र कुमार, पुराना हमीदा के विक्रम, बैंक कॉलोनी राकेश, बाड़ी माजरा के मोहित, दीपक घायल हो गइल। पुतला के नीचे से निकलले के बाद सातो लोग में से दहशत अउरी डर नजर आइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]