Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लइकन खातिर स्वस्थ भोजन : स्कूल जाए वाला बच्चा के इ 10 चीज़ दे दीं, उ स्मार्ट अउरी बुद्धिमान हो जईहे

बच्चा लोग खातिर स्वस्थ भोजन बहुत जरुरी ह । डॉक्टर स्वस्थ रहे खातिर सप्ताह में 2 दिन सीफूड खाए के सलाह देवेले। आप अपना बच्चा के टूना समेत सीफूड भोजन भी दे सकतानी। एह में ओमेगा-3 फैटी एसिड पावल जाला।

311

लइकन खातिर स्वस्थ भोजन : स्कूल जाए वाला बच्चा के इ 10 चीज़ दे दीं, उ स्मार्ट अउरी बुद्धिमान हो जईहे

बच्चा लोग खातिर स्वस्थ भोजन बहुत जरुरी ह । डॉक्टर स्वस्थ रहे खातिर सप्ताह में 2 दिन सीफूड खाए के सलाह देवेले। आप अपना बच्चा के टूना समेत सीफूड भोजन भी दे सकतानी। एह में ओमेगा-3 फैटी एसिड पावल जाला।

 

 

लइकन खातिर स्वस्थ भोजन : स्कूल जाए वाला बच्चा के इ 10 चीज़ दे दीं, उ स्मार्ट अवुरी बुद्धिमान हो जईहे

 

लइकन खातिर स्वस्थ भोजन : लइकन के मानसिक आ शारीरिक विकास में आहार के अहम भूमिका होला। खास तौर पे स्कूल जाए वाला बच्चा के खानपान अउरी जीवनशैली के ध्यान राखे के चाही। एकरा खातीर बच्चा के रोज संतुलित आहार देवे के चाही। एकरा संगे-संगे मानसिक अउरी शारीरिक विकास खातीर इ 10 चीज़ आहार में देवे के पड़ेला। एह सब के सेवन करके लइका स्मार्ट आ बुद्धिमान हो जालें। आईं जानल जाव-

 

•अंडा में विटामिन ए, डी, ई, आयरन अउरी प्रोटिन जईसन जरूरी पोषक तत्व पावल जाला, जवन कि मानसिक अउरी शारीरिक स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद होला। एकरा खातिर बच्चा के रोज अंडा खाए के दीं।

 

•डॉक्टर स्वस्थ रहे खातिर सप्ताह में 2 दिन सीफूड भोजन खाए के सलाह देवेले। आप अपना बच्चा के टूना समेत सीफूड भोजन भी दे सकतानी। एह में ओमेगा-3 फैटी एसिड पावल जाला। स्वास्थ्य खातिर इ जरूरी पोषक तत्व बहुत जरूरी ह।

 

• प्रोटीन खातिर बीन्स भी दे सकेनी। बीन्स में प्रोटीन बहुतायत में पावल जाला। एकरा अलावे बीन में जरूरी पोषक तत्व जईसे फाइबर, सोडियम, फास्फोरस फोलेट, फोटोन्यूट्रिएंट, विटामिन, अवुरी कैल्शियम होखेला, जवन कि प्रतिरक्षा प्रणाली के मजबूत करेला।

 

•मसूर भी प्रोटीन के एगो प्रमुख स्रोत हवे। विटामिन-बी, आयरन, मैग्नीशियम, पोटेशियम अउरी जस्ता एकरा में पावल जाला। इ जरूरी पोषक तत्व स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद होखेला।

 

•बच्चन के आंख के सेहत खातिर खाना में गाजर जरूर दीं। एकरा खातिर गाजर के पुडिंग बना के दे सकेनी। गाजर में विटामिन-ए बहुतायत में पावल जाला।

 

•शरीर के स्वस्थ रहे खातिर हाइड्रेटेड रहल बहुत जरूरी बा। एकरा खातिर रउरा अपना लइकन के खानपान में खीरा जरूर दीं। खीरा में पानी के भरमार पावल जाला। एहसे शरीर हाइड्रेटेड रहेला।

 

•लइकन के हड्डी के सही विकास खातिर दूध देवे के चाहीं। एकरा खातीर बच्चा के रोज सबेरे अउरी रात में सुते से पहिले दूध पीये के चाही।

 

•पेट से जुड़ल विकार के दूर करे खातिर बच्चा के खाना में दही देवे के चाही। एहसे बच्चा के पाचन स्वस्थ रही। एकरा में पोटेशियम अउरी जस्ता, फास्फोरस, मैग्नीशियम, कैल्शियम समेत जरूरी पोषक तत्व होखेला।

 

•केला के सुपरफूड भी कहल जाला। एकर सेवन से शरीर में तत्काल ऊर्जा के संचार हो जाला। एकरा से पतलापन के समस्या भी दूर हो जाला। एकरा खातीर बच्चा के रोज खाए खातीर कम से कम 2 केला देवे के चाही।

 

•स्वास्थ्य विशेषज्ञ स्वस्थ रहे खातिर स्नैक्स में सूखा फल अउरी बीज खाए के सलाह देवेले। एकरा खातिर रउरा अपना बच्चा के सूखा फल अउरी बीज के स्नैक्स में जरूर देवे के चाही। एकरा से लईकन के मानसिक विकास सही होई।

 

अस्वीकरण : कहानी में दिहल टिप्स आ सुझाव खाली सामान्य जानकारी खातिर बा। एह सब के कवनो डाक्टर आ मेडिकल प्रोफेशनल के सलाह के रूप में मत लीं। बीमारी आ संक्रमण के लक्षण के स्थिति में डॉक्टर से सलाह लीं।

 

 

 

452260cookie-checkलइकन खातिर स्वस्थ भोजन : स्कूल जाए वाला बच्चा के इ 10 चीज़ दे दीं, उ स्मार्ट अउरी बुद्धिमान हो जईहे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.