[the_ad_group id="30365"]

Energy Week: पीएम आज लॉन्च करिहें ईंधन E20, 11 राज्यन में 20 फीसदी एथनॉल युक्त पेट्रोल मिले के होई सुरुआत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सोमार के बंगलूूरू में 20 फीसदी एथनॉल युक्त पेट्रोल (ईंधन ई20) के लॉन्च करिहें। संगही सौर आउर पारंपरिक ऊर्जा से संचालित खाना पकावे के प्रणाली के अनावरण करिहें आ भारत ऊर्जा सप्ताह के उद्घाटन करिहें। एक महीना के भीतर पीएम के कर्नाटक के ई तीसरका यात्रा होई। इहां एह साल विधानसभा चुनाव होखे के बा।

एगो आधिकारिक बयान में कहल गइल बा कि भारत ऊर्जा सप्ताह (IEW), 2023 छव से आठ फरवरी तक बंगलूूरू में आयोजित कइल जाई, जवना के उद्देश्य ऊर्जा परिवर्तन के केंद्र के रूप में भारत के बढ़ती ताकत के प्रदर्शित कइल बा। कार्यक्रम के दौरान पारंपरिक आ गैर पारंपरिक ऊर्जा उद्योग, सरकार के प्रतिनिधि आ विशेषज्ञ एगो मंच पs आई लो आ ऊर्जा परिवर्तन के सोझा चुनौतियन आ अवसरन पs चरचा करी लो।

दु साल पहिले हासिल कइल गइल लक्ष्य

प्रधानमंत्री मोदी 20 प्रतिशत एथनॉल के संगे मिश्रित पेट्रोल के लॉन्च करिहें। जवना के बाद 11 राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन के 84 खुदरा पेट्रोल पंपन पs E20 ईंधन (E20 fuel) के बिक्री सुरू हो जाई। E20 पेट्रोल के संगे 20 प्रतिशत एथनॉल के मिश्रण बा। बयान के मोताबिक, सरकार के लक्ष्य 2025 तक एथनॉल के पूर्ण 20 प्रतिशत सम्मिश्रण के प्राप्त कइल बा। एह उद्देश्य के हासिल करे खातिर तेल विपणन कंपनियन द्वारा 2G-3G इथेनॉल संयंत्र स्थापित कइल जा रहल बा। भारत 2025 तक पेट्रोल में 20 फीसदी एथनॉल मिलावे के लक्ष्य रखले रहे, बाकिर ओकरा के ऊ दू साल पहिलही हासिल कs लेलस।

ग्रीन मोबिलिटी रैली के हरियर झंडी दिखइहें 

एकरा संगही, पीएम ग्रीन मोबिलिटी रैली के हरियर झंडी दिखइहें, एमें स्वच्छ ईंधन के प्रति लोगन में जागरूकता फइलावे खातिर स्वच्छ ईंधन से चले वाला सामिल होई।

हेलिकॉप्टर फैक्टरी देस के करिहें समर्पित

प्रधानमंत्री कर्नाटक के तुमकुरु में हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड के हेलिकॉप्टर फैक्टरी के राष्ट्र के समर्पित करिहें। एह फैक्टरी के आधारशिला खुद उहे 2016 में रखले रहस। ई समर्पित ग्रीनफील्ड हेलिकॉप्टर फैक्टरी हs। ई एशिया के सबसे बड़ हेलिकॉप्टर फैक्टरियो हs, जवना से हाल के हेलिकॉप्टर निर्माण क्षमता के मजबूती मिली।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]