[the_ad_group id="30365"]

इजरायली दूतावास रेजिडेंशियल कॉम्‍प्‍लेक्‍स में तैनात हेड कांस्‍टेबल खुद के गोली से उड़वलस, सुरुआती जांच में चौंकावे वाला खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के राजधानी दिल्‍ली से बड़ खबर सामने आ रहल बा। इजरायली दूतावास के रेजिडेंशियल कॉम्‍प्‍लेक्‍स में तैनात हेड कांस्‍टेबल खुद के गोलियन से उड़ा लेलस।

हेड कांस्‍टेबल द्वारा सुसाइड कइला से हड़कंप मच गइल। दिल्‍ली पुलिस बतवलस कि हेड कांस्‍टेबल खुदे गोली चलाके आत्‍महत्‍या कs लेलस। पुलिस सुरुआती जांच के हवाला से बतवलस कि हेड कांस्‍टेबल घरेलू वजहन से ई डेग उठवलें। घटनास्‍थल से कवनो तरह के सुसाइड नोट बरामद नइखे कइल गइल बा। फिलहाल ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक, दिल्ली स्थित इजरायल दूतावास में बुध के सबेरे ओह बेरा हड़कंप मच गइल जब उहां तैनात दिल्ली पुलिस के एगो जवान आत्महत्या कs लेलें। जवान खुद के पिस्टल से गोली मारके आत्महत्या कइले बा। मृतक के पहचान अशोक कुमार के रूप में भइल बा। अशोक कुमार दिल्ली पुलिस में हेड कांस्टेबल के पद पs कार्यरत रहलें। घटना के सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलें। न्‍यूज एजेंसी ANI दिल्‍ली पुलिस के हवाले से बतवलस कि सुरुआती जांच में पता चलल बा कि हेड कांस्‍टेबल अशोक कुमार घरेलू समस्‍या के वजह से ई डेग उठवलें।

वसंत विहार में बा इजरायली दूतावास के आवासीय परिसर

इजरायली दूतावास के आवासीय परिसर दक्षिणी दिल्‍ली के वसंत विहार इलाका में स्थित बा। दिल्‍ली पुलिस में हेड कांस्‍टेबल के पद पs तैनात अशोक कुमार इहवें पs तैनात रहे। दूतावास से जुड़ल परिसर में हेड कांस्‍टेबल के हत्‍या के खबर से सनसनी फइल गइल। आनन-फानन में पुलिस के एकर सूचना दिहल गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस अशोक कुमार के शव के अपना कब्जा में लेले रहली। अब शव के पोस्टमार्टम करावल जाई।

महिला कांस्‍टेबल देले रहली जान

एह घटना से पहिले दिल्‍ली के छावला इलाका में एगो महिला कांस्‍टेबल सुसाइड कs लेले रहली। छावला थाना क्षेत्र में दिल्ली पुलिस के एगो महिला कांस्टेबल फांसी लगा लेले रहली। मवका पs कवनो सुसाइड नोट ना मिलल रहे। पुलिस बतवले रहे कि सबेरे तकरीबन 9 बजे गोयला डेयरी इलाका में एगो महिला के घर में फांसी लगाके खुदकुशी करे के सूचना मिलल रहे। मृतक महिला के पहचान गंगा मीणा के तौर पs कइल गइल रहे। ऊ दिल्‍ली पुलिस में कांस्‍टेबल रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]