[the_ad_group id="30365"]

मानिकपुर गांव के बूथ संख्या 46 मतदानकर्मी 3 के रूप में उनकर ड्यूटी लगावल गइल रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बड़ खबर मोकामा उप चुनाव से जुड़ल सोझे आ रहल बा जहां वोटिंग शुरू होखले से कुछ समय पहिले एक मतदान कर्मी के मौत हो गइल। मृत मतदान कर्मी के नाम संजय कुमार (55) बतावल जा रहल बा। बतावल जा रहल बा कि मोकामा विधानसभा के पंडारक थाना के मानिकपुर गांव के बूथ संख्या 46 मतदानकर्मी 3 के रूप में उनकर ड्यूटी लगावल गइल रहे

उनके मौत के लेकर बाढ़ के एसडीएम बतवलें कि आजु सुबह लगभग 4:30 के आसपास नित्य क्रिया के दौरान उनके परेशानी होखे लागल, एकरे बाद सहयोगी कर्मी के सूचना पर एंबुलेंस से अनुमंडल अस्पताल से ले जाइल जात रहे लेकिन रास्ता में ही उनकर मौत हो गइल। ऊ बतवलें कि एह संबंध में उप निर्वाचन पदाधिकारी के जानकारी दे दीहल गइल बा।

बाढ़ एसडीएम बतवलें कि एह संबंध में मृतक के कार्यालय प्रधान के माध्यम से परिजन के सूचित करे खातिर उप निर्वाचन अधिकारी के पत्र लिखल गइल बा, ताकि मृतक के शव के परिवार के सुपुर्द कइल जा सके। साथ ही चुनाव कार्य के दौरान होखे वाले मृत्यु से संबंधित मुआवजा दियावे के कार्रवाई कइल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]