[the_ad_group id="30365"]

CAA : ममता बनर्जी कहली- बीजेपी के सीएए लागू नाइ करे देहल जाई, केंद्रीय मंत्री बोललें- पूरा देश में लागू होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी बुध के नागरिकता संशोधन अधिनियम(सीएए) के मुद्दा उठवलें बानें। ममता बनर्जी कहलें, सीएए के संभावित क्रियान्वयन खातिर केंद्र के आलोचना करत दावा कइलें कि गुजरात विधानसभा चुनाव से पहिले भाजपा एह मुद्दा उठा रहल बा।
चेन्नई खातिर रवाना होखले से पहिले कोलकाता एयरपोर्ट पर बनर्जी  मीडियाकर्मियन से बातचीत करत कहलें कि सीएए के ले के भाजपा राजनीति कर रहल बा। हम उनके एह कानून के लागू नाइ करे देब। हमनी के सरकार खातिर सभे भारतीय बा। ई एकरे खिलाफ बा। ऊ कहली, चुनाव अउर राजनीति एतना महत्वपूर्ण नाइ बा, लोग के जीवन ढ़ेर महत्वपूर्ण बा।

सीएए के पूरा भारत में कइल जाई लागू

केंद्रीय गृह राज्य मंत्री निसिथ प्रमाणिक कहलें कि सीएए के धीरे-धीरे पूरे देश में लागू कइल जाई। उ कहलें, सीएए वंचित अउर उत्पीड़ित हिंदुअन अउर अन्य लोग खातिर बा। एके न केवल गुजरात में बलुक धीरे-धीरे पूरे भारत में लागू कइल जाई। पश्चिम बंगाल विधानसभा में विपक्ष के नेता भाजपा के सुवेंदु अधिकारी मंगर के दावा कइलें कि देश में सीएए लागू करे के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा आर कौनो राज्य एसे अछूता नाइ रही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]