[the_ad_group id="30365"]

दूपहर 12 बजे चुनाव आयोग के प्रेस कॉन्फ्रेंस, गुजरात चुनाव के तारीख के होई एलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात विधानसभा चुनाव के आजु एलान होई। आजु दोपहर 12 बजे चुनाव आयोग प्रेस कॉन्फ्रेंस करी। एही कॉन्फ्रेंस में गुजरात चुनाव के तारीख के जानकारी दिहल जाई। रिपोर्ट्स के मुताबिक, गुजरात में चुनाव दू चरण में हो सकsता। दिसंबर के पहिले सप्ताह में वोटिंग करावल जा सकsता।

पिछला बेर कब भइल चुनाव? 

गुजरात में पिछला बेर दू चरण में चुनाव भइल रहे। 25 अक्टूबर 2017 को चुनाव तारीख के एलान भइल। पहले चरण खातिर 14 नवंबर के अधिसूचना जारी भइल रहे अउर दूसरे चरण खातिर 20 नवंबर के। पहिले चरण के चुनाव नौ दिसंबर 2017 अउर दूसरे चरण के चुनाव 14 दिसंबर के नतीजा आइल रहे। पहिले चरण में 89 अउर दूसरे चरण में 93 सीट पर वोटिंग भइल रहे।

त्रिकोणीय हो सकsता मुकाबला 

पिछले 24 साल से गुजरात के सत्ता में भारतीय जनता पार्टी ही काबिज बानें, लेकिन एह बेर समीकरण बदलल नजर आई। अइसन एहलिए काहेसेकि दिल्ली अउर पंजाब जीतले के बाद आम आदमी पार्टी गुजरात में भी पूरा ताकत लगा देहलें। अइसन में मुकाबला त्रिकोणीय हो सकsता।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]