[the_ad_group id="30365"]

राज्य जूनियर कबड्डी प्रतियोगिता खातिर सारण टीम के भइल चयन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना में आयोजित होखे वाला राज्य जूनियर कबड्डी प्रतियोगिता खातिर सारण टीम के चयन शिविर राजेन्द्र स्टेडियम में आयोजित कइल गइल। शिविर के उद्घाटन रोटरी के पूर्व अध्यक्ष सह सारण कब्बडी संघ के उपाध्यक्ष अमरेंद्र सिंह खिलाड़ियन के परिचय प्राप्त कs के कइले। एह मवका पs ऊ खिलाड़ियन के संबोधित करत मैदान में खेल भावना के प्रदर्शन करे अपील कइले आ कहले कि ई मौका हs, जब कबड्डी खिलाड़ी अपना जिला के सम्मान राज्य स्तर पs बढ़ा सकी लो। ऊ कहले कि सारण जिला कबड्डी संघ खिलाड़ियन के विकास खातिर सतत प्रयास कर रहल बा। एह मवका पs समाजसेवी शंभू सिंह जी मवजूद रहले। ऊ खिलाड़ियों के परिचय प्राप्त कइले।

उद्घाटन समारोह में सारण जिला कबड्डी संघ के कोषाध्यक्ष सभापति बैठा, सचिव पंकज कश्यप ,सुरभित दत्त सिन्हा, कोच रामानुज यादव, चयन समिति के अध्यक्ष भवर किशोर आ सदस्य सीकू कश्यप, विनीत मिश्रा ,राहुल यादव ,धीरज गुप्ता, ऋषभ सिंह समेत राष्ट्रीय स्तर पs पहचान बनावे वाला खिलाड़ियों शामिल रहे लो। 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]