[the_ad_group id="30365"]

यूपी में कब तक हो सकत बा नगर निकाय चुनाव? सामने आइल संभावित तारीख, आयोग शुरू कइलस तइयारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में नगर निकाय चुनाव के लेके हलचल बढ़ गइल बा। नगरीय निकाय चुनाव के तइयारी आगामी 20 अक्तूबर के बाद आउर रफ्तार पकड़ी। राज्य निर्वाचन आयोग एह चुनावन खातिर आपन गतिविधियन के बढ़ा दिहल गइल बा। आयोग के ओर से सब जिलाधिकारियन के पहिलही निरदेस जारी कइल जा चुकल बा कि 20 सितम्बर से चार अक्टूबर तक नवसृजित, सीमा विस्तारित, उच्चीकृत निकायन में वार्डवार वोटरन के स्थानांतरण के कार्यवाही पूरा क लिहल जाव।

एकरा बाद पांच अक्टूबर से 20 अक्तूबर तक मतदान केन्द्र, पोलिंग बूथ प नियुक्त बूथ लेबल आफिसर द्वारा वार्डवार स्थानांतरित मतदाता लोगन के  सत्यापन आ अपना से संबंधित पोलिंग बूथ के सब मतदाता लोगन के के घरे-घरे जाके सत्यापन क के वृद्धि, शुद्धि भा नाम वोटर लिस्ट से हटावे के कार्यवाही कइल जाई।

आयोग के सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक 20 अक्तूबर तक वोटर लिस्ट के एह पुनरीक्षण के काम पूरा हो गइला के बाद दावा आ आपत्तियन मांगल जाई। फेर ओकर निस्तारण कइल जाई। ओकरा बाद वोटर लिस्ट के फाइनल ड्राफ्ट प्रकाशित कइल जाई। अबकी बेर अनुमान बा कि नगरीय निकाय चुनाव के वोटर लिस्ट करीब साढ़े चार करोड़ वोटरन के हो जाई। अभी तक एह लिस्ट में 3 करोड़ 36 लाख वोटर बा।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]