[the_ad_group id="30365"]

Weather Update: बिहार में बदलल मउसम के बदलल मिजाज, आज अधिकतम तापमान ज्यादा रहे के उम्मीद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Weather News Today: मउसम विभाग के पटना केंद्र मुताबिक सुबह के बेरा आसमान डस्टी आ हवा में नमी के बावजूद शाम के बेरा बारिश के कवनो संभावना नइखे ।

देश के अउरी हिस्सन लेखा बिहारो (Bihar) में  मउसम (Weather News) के मिजाज बड़ा तेजी से बदल रहल बा । शुक्रवार माने 10 फरवरी के भोरे के तापमान सामान्य से तीन डिग्री ज्यादा रहल ।कुछ इलाकन में भोरे के बेरा हल्का धुंधो देखे के मिलल हs बाकिर बाद में आसमान साफ हो गइल। मवसम विभाग पटना (IMD Patna) केंद्र के मुताबिक भोर के बेरा आसमान डस्टी (dusty air) आ हवा में नमी रहला के बावजूदो सांझी के बेरा बारिश के संभावना एकदम ना के बराबर बा ।

मौसम विभाग पटना (Weather department Patna) केंद्र के मुताबिक बिहार (Bihar) में भोरे के तापमान 11 डिग्री सेल्सियस बा । बिहार के अधिकांश इलाकन में आज हवा के गति 18 किलोमीटर प्रति घंटा रहे के उम्मीद बा. बिहार में शुक्रवार सांझी तक तापमान 30 डिग्री सेल्सियस तक पहुंचे के उम्मीद बा। बिहार में सांझी के बेरा  बारिश होखे के सम्भावना एकदमें नइखे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]