[the_ad_group id="30365"]

पूर्वांचल एक्सप्रेस वे पर बड़ हादसा, दू बस के टक्कर में आठ लोग के मौत, 12 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बाराबंकी जिला में दर्दनाक हादसा भइल बा। हादसा में आठ यात्रियन के मौत हो गईल बा  जबकि 12 से ज्यादा लोग घायल बानें। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। मौके पर पहुंचल पुलिस हाईवे से क्षतिग्रस्त गाड़ी कुल के हटववलस अउरी यातायात सुचारू करवलस।

जानकारी के अनुसार, पूर्वांचल एक्सप्रेस पर सोमवार भोर में लोनी कटरा थाना इलाके के नरेंद्रपुर मदरहा गांव के पास ठाढ़ बस में पीछे से आइल दूसर बस जा टकराईल। सड़क हादसा में 8 लोग के मौत हो गईल। जबकि 36 से ज्यादा लोग घायल बानें। मृतकन में चार के पहचान हो गईल बा। करीब आधा दर्जन लोग के हालत गंभीर बा।
पूर्वांचल एक्सप्रेस में किलोमीटर संख्या 24 के पास लोनी कटरा थाना इलाके के नरेंद्रपुर मदरहा गांव के पास एक्सप्रेस-वे के किनारे यमुना ट्रैवल्स के बस पहिले से ठाढ़ रहल। ई कैंटीन होखले के कारण एमे अधिकतर सवारी उतर कर नीचे आ गईल रहल। करीब 4:30 बजे सीतामढ़ी बिहार से नई दिल्ली जा रहल अशोक ट्रेवल्स के वोल्वो बस एह बस में पीछे से जा घुसल।

चार मृतकों की पहचान

हादसा में दूनों बस में सवार करीब 36 से अधिक लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। ग्रामीणन के सूचना पर करीब आधा घण्टा बाद पहुंचल एक्सप्रेस वे के एंबुलेंस अउरी पुलिस घायलन के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र हैदर गढ़ भिजववलस। ईहां 8 लोग के डॉक्टर मृत घोषित कर दिहलन। मृतकन में लदोरा कल्याणपुर जिला समस्तीपुर बिहार के ओम प्रकाश राय (33), शिवधारी (42) जिला मधुबनी बिहार, चितनारायण (75) कालापट्टी जिला मधुबनी बिहार व कमलेश कुमार (23) धीमा, थाना पिपरी जिला सीतामढ़ी बिहार के पहचान पुलिस क लेहले बिया।

ज्योति कुमारी (12) निवासी हरिहरपुर मधुबनी बिहार, संजू (9) निवासी हरिहरपुर मधुबनी बिहार, अर्जुन पासवान (40) कटरा थाना महेशी मोतिहारी बिहार, मदन मुखिया (31) निवासी परसौनी जनकपुरी रोड सीतामढ़ी, सुकाव (41) निवासी गंज रुधौली कमतौरा बिहार, सद्दाम (18) मधुबनी बिहार, श्याम (35) व शुभम (20) निवासी जनकपुरी रोड सीतामढ़ी बिहार, सविता देवी (45) निवासी जनवासा कटरा मुजफ्फरपुर बिहार, इरशाद (26) निवासी खुटौना मधुबनी बिहार, सनी कुमार (32) कटरा मोतिहारी बिहार, श्रवण कुमार (28) अउरी विशाल (8) निवासी सीतामढ़ी बिहार समेत तीन दर्जन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]